23 जून 2025 के राशिफल

राशिफल

Share

दिनांक- 23/06/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- त्रयोदशी 

रात के 10 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- सोमार।

कृत्तिका नक्षत्र

दिन के 03 बजके 16 मिनट ले,

ओकरा बाद  रोहिणी नक्षत्र।

 धृति जोग

दिन के 01 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद शूल जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 24/06/2025

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

सांझ के 06 बजके 59 मिनट ले।

दिन- मंगर।

रोहिणी नक्षत्र

दिन के 12 बजके 54 मिनट ले।

 शूल जोग

दिन के 09 बजके 35 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

हमेशा चिंता करे वाला स्वभाव सेहत पs गलत असर डाल सकेला। एके स्त्रोत से आर्थिक लाभ होई। नौकरीपेशा लोग दूसरा से मदद के उमेद ना राखे। बियहल जिनगी में दोसरा लोगन के दखल परेसानी पैदा कs सकेला।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

माई-बाबूजी के खेयाल राखीं। धन के संचय जरूरी बा ना तs बाद में पछताये के पड़ सकेला। बियहल जिनगी के आनंद लेम। कल्पना के विचार में भुलइला के बजाय अपना काम पs फोकस रखीं।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

कवनो पुरान संघतिया से बतकुचन हो सकेला। बेहतर तालमेल बनावल राखे खातिर अपना प्रेमी के संगे समय बिताई। अइसन लोग से दूर रही जे राउर छवि बिगाड़ सकेला। जीवन साथी के तरफ से कवनो उपहार मिल सकेला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

परिवार में कवनो मनमुटाव के कारण राउर चिंता बढ़ सकेला। दिन में भविष्य के योजना पs विचार कर सकत बानी। लमहर समय से चल रहल गिला शिकवा आज दूर कs ली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन मन शांत रही। जीवन साथी के स्वभाव रउआ प्रति बहुते मधुर होई। आज खाली समय में कामन के पूरा कs लीं। दोसरा के जरूरत के बारे में सोच के कवनो फैसला लीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

संघतिया आ परिवार के लोग के संगे दिन निम्मन बीती। साझेदारी में योजना सफल होला से लाभ मिली। जतरा सफल रही। दांपत्य जिनगी में कुछ खटास आ सकेला। आत्म विस्वास में बढ़न्ती होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

खुद पs विस्वास राखत आगे बढ़त रही। जल्दीबाजी में कवनो फैसला मत लीं। घर से जुड़ल निवेश लाभदायक साबित हो सकेला। अपना प्रिय के प्रति आपन भावना व्यक्त करे में तनिका अनकस महसूस हो सकेला।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक स्तिथि बेहतर रही। अचके कवनो अतिथि के घर में आगमन हो सकेला जवना से काम में खलल पड़ सकेला।  दफ्तर में जूनियर चिंता के वजे बन सकेला लो।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज घर में कवनो बुजुर्ग से धन प्राप्ति हो सकेला। प्रेम जीवन में सकारात्मक ऊर्जा आई। जीवन साथी के स्वास्थ के खेयाल राखीं। काम पs धेयान देला से रउआ कामयाबी मिली।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

मन के शांति खातिर रोज के रूटीन में योग आ ध्यान के शामिल कs लीं। खर्चा पs लगाम राखीं जवना से आगे समस्या मत होखे। खाली समय में आपन पसन के काम कs सकेनी। जिनगी के अनुभव लेवे खातिर घर में केहू बड़ संगे समय बिताई।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

खाना-पीना के खेयाल राखीं। परिवार के जरूरतन के खेयाल रखला के संगही अपना ला समय निकाली। आज के दिने पईसा उधार देवे से बांची। आज मूड रोमांटिक रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

अपना अगरी-कगरी के लोगन के सहजोग मिली। आज सावधानी से वाहन चलाई। घर खातिर आपन जिम्मेवारी बखूबी निभाएम। आज प्रेम संबधन में मधुरता बढ़ी। सेहत में उतार-चढ़ाव आ सकेला।

Read Also: NEET UG 2025 Topper: नीट यूजी में महेश बनलें ऑल इंडिया टॉपर, लईकियन में अविका अग्रवाल अव्वल; देखीं सूची

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-