दिनांक- 20/09/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
आश्विन कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
रात के 12 बजके 17 मिनट ले,
ओकरा बाद अमावस्या।
दिन- सनिचर
मघा नक्षत्र
दिन के 08 बजके 05 मिनट ले,
ओकरा बाद पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र।
साध्य जोग
रात के 08 बजके 06 मिनट ले,
ओकरा बाद शुभ जोग।
विष्टि करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 21/09/2025
आश्विन कृष्ण पक्ष
तिथि- अमावस्या
रात के 01 बजके 23 मिनट ले।
दिन- अतवार।
पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र
दिन के 09 बजके 32 मिनट ले।
शुभ जोग
दिन के 07 बजके 52 मिनट ले।
चतुष्पद करण।
आज के राशिफल (Rashifal)
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
आज के दिन परिवार के संगे समय बितावल फायदेमंद रही। कामकाज में नया अवसर मिली। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। प्रेम संबंधन में नयापन आ विश्वास बनल रही। स्वास्थ्य पर ध्यान दीहीं, जाड़ा-गर्मी से बचाव जरूरी बा।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
आज धन लाभ के संभावना बा। व्यापार में फायदा मिली। नोकरी वाला लोगन के प्रमोशन या मान-सम्मान मिल सकेला। परिवार में मेल-जोल बनल रही। यात्रा के योग बनत बा, बाकिर खर्चा बढ़ सकेला।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
दिन मिलाजुला रही। मेहनत के बाद सफलता हाथ लागी। शिक्षा आ प्रतियोगिता में सकारात्मक परिणाम मिली। स्वास्थ्य कुछ कमजोर हो सकेला। मित्र आ साथी लोग से सहयोग मिली।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
आज घर-परिवार में खुशहाली आवे वाला बा। नौकरी-पेशा में उन्नति के योग बनल बा। जमीन-जायदाद से जुड़ल विवाद सुलझ सकेला। आर्थिक रूप से फायदा मिली। दांपत्य जीवन सुखद रही।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। कामकाज में नया अवसर मिली। नया प्रोजेक्ट पर काम कर सकेनी। विद्यार्थी वर्ग के पढ़ाई में फायदा होई। स्वास्थ्य सामान्य रही। खर्चा पर नियंत्रण जरूरी बा।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
आज का दिन आर्थिक रूप से सुभ बा। संतान पक्ष से शुभ समाचार मिली। यात्रा के योग बनत बा। नोकरी में अधिकारी खुश होई लोग। प्रेम संबंधन में विश्वास बढ़ी। स्वास्थ्य ठीक रही।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
आज परिवार में सुख-शांति बनल रही। नया सौदा या निवेश से फायदा होई। व्यापारी लोगन के विशेष लाभ मिली। स्वास्थ्य सामान्य रही। सामाजिक कार्य में भाग ले सकेनीं।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
आज कामकाज में तेजी रही। नोकरी में प्रमोशन के संभावना बा। आर्थिक लाभ हो सकेला। परिवार आ मित्रन संग आनंदित समय बिताईं। स्वास्थ्य पर ध्यान दीहीं, थकान हो सकेला।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
आज के दिन धार्मिक कार्य में मन लगाईं। नोकरी आ व्यापार में नया अवसर मिली। विदेश यात्रा के योग बनल बा। प्रेम संबंध मजबूत होई। स्वास्थ्य उत्तम रही।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
आज आर्थिक रूप से सब परिणाम मिली। नोकरी में सहयोगी साथ दी लोग। व्यापार में सफलता के योग बा। परिवार में मेल-जोल आ आनंदित माहौल रही। खर्चा पर नियंत्रण जरूरी बा।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज आत्मविश्वास आ साहस बढ़ल रही। नया निवेश से फायदा मिली। शिक्षा आ प्रतियोगिता में शुभ समाचार मिली। दांपत्य जीवन सुखद रही। स्वास्थ्य उत्तम रही।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
आज के दिन धन लाभ के योग बा। कामकाज में नई जिम्मेदारी मिली। परिवार में खुशहाली रही। मित्र आ सहयोगी से मदद मिली। यात्रा के योग बनल बा। स्वास्थ्य सामान्य रही।