दिनांक- 19/02/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
फाल्गुन कृष्ण पक्ष
तिथि- षष्ठी
सबेरे के 07 बजके 32 मिनट ले,
ओकरा बाद सप्तमी।
दिन- बुध।
स्वाति नक्षत्र
दिन के 10 बजके 39 मिनट,
ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।
वृद्धि जोग
दिन के 10 बजके 48 मिनट ले,
ओकरा बाद ध्रुव जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक-20/02/2025
फाल्गुन कृष्ण पक्ष
तिथि- सप्तमी
सबेरे के 09 बजके 58 मिनट ले।
दिन- बियफे।
विशाखा नक्षत्र
दिन के 01 बजके 30 मिनट ले।
ध्रुव जोग
दिन के 11 बजके 30 मिनट ले।
बव करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
महिला अधिकारी के सहजोग मिली। धार्मिक प्रवृत्ति में बढ़न्ती होई। रचना के कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
बहुत उमेद के काम पूरा होखला से आत्मविश्वास में बढन्ती होई। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
आर्थिक ममिलन में सचेत रहीं। स्वास्थ के प्रति सचेत रहला के आवश्यकता बा। कवनो रिश्तेदार भा स्वजन से तनाव मिल सकत बा।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
बेवसायिक ममिलन में तनाव मिल सकता बा। दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। काम के क्षेत्र में बाधा आई। धार्मिक क्षेत्र में बढ़न्ती होई। बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में आस के मोताबिक सफलता मिली। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। मांगलिक भा सांस्कृतिक उत्सव में हिस्सेदारी रही।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
पारिवारिक कामन में बाझल रह सकत बानी। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। रचना के काम आगा बढ़ी।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। कइल गइल मेहनत सफल होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
आर्थिक इस्थिति में सुधार होई। संतान के संबंध में सुखद समाचार मिली। बेवसायिक ममिलन में सफलता मिली।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
बहुत उमेद के काम पुरा होखला से आत्मसम्मान में बढ़न्ती होई। रचना के काम में सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। धन, सम्मान, यश, कीर्ति में बढन्ती होई। रचना के कोसिस सफल रही।
Read Also: Health News: महीना भर रोज एक कटोरी खाईं ई फल, साफ रहे लागी पेट, बढ़त वजन पs लाग जाई फुल स्टॉप