दिनांक- 19/02/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
फाल्गुन शुक्ल पक्ष
तिथि- द्वितीया
दिन के 03 बजके 59 मिनट में,
ओकरा बाद तृतीया।
दिन- बियफे।
पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र
रात के 08 बजके 51 मिनट ले,
ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।
सिद्ध जोग
रात के 08 बजके 42 मिनट ले,
ओकरा बाद साध्य जोग।
कौलव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 19/02/2026
फाल्गुन शुक्ल पक्ष
तिथि- तृतीया
दिन के 02 बजके 38 मिनट ले।
दिन- सुक।
उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र
रात के 08 बजके 07 मिनट ले।
साध्य जोग
सांझ के 06 बजके 23 मिनट ले।
गर करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज धन के ममिला में सतर्क रही। फालतू खरचा से बचीं। घर में छोट-मोट विवाद हो सकेला, बाकिर बातचीत से सुलझ जाई। खान-पान पs ध्यान दी।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज किस्मत साथ दी। नया काम सुरू करे के मवका मिली। पढ़ाई-लिखाई में मन लागी। संघतिया से सहजोग मिली। जतरा के जोग बनत बा।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज मन तनिका परेसान रही, बाकिर सांझ तक इस्थिति बेहतर होई। नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ी। परिवार के बुजुर्गन के सलाह फायदेमंद रही।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़े वाला दिन बा। सरकारी काम में सफलता मिली। बेयपार में लाभ होई। सेहत बढ़िया रही, आत्मविश्वास ऊंच रही।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। जल्दबाजी नुकसान करा सकेला। नौकरी में बदलाव के जोग बा। जीवनसाथी से सहजोग मिली।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज पारिवारिक जिनगी खुसहाल रही। प्रेम संबंध मजबूत होई। धन के आवक बढ़े के संकेत बा। विद्यार्थी वर्ग के अच्छा परिणाम मिली।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत ज्यादा, फल तनिका देर से मिली। विवाद से दूर रही। काम के सिलसिला में जतरा हो सकेला। सेहत पs ध्यान दी।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य चमके वाला दिन बा। रुकल काम पूरा होई। नौकरी में तरक्की के संकेत बा। धार्मिक काम में मन लागी।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ी, बाकिर रउआ पूरा निभाईं। आर्थिक इस्थिति मजबूत रही। परिवार में सुखद माहौल रही।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज नया विचार फायदेमंद साबित होई। बेयपार में मुनाफा मिली। संघतिया के संगे समय बितावे से मन खुस रही।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज भावना पs काबू रखीं। खरचा बढ़ सकेला। नौकरी में सहजोगी मदद करी लोग। ध्यान आ योग से मन शांत रही।
Read Also: Indian Army : एआई से मजबूत होई युद्धक तइयारी, हथियार बनी स्मार्ट, सटीकता बढ़ी






