दिनांक- 18/11/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष
तिथि- त्रयोदशी
सबेरे के 07 बजके 12 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्दशी।
दिन- मंगर।
स्वाति नक्षत्र
समस्त।
आयुष्मान जोग
दिन के 08 बजके 08 मिनट ले,
ओकरा बाद सौभाग्य जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 19/11/2025
मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
दिन के 09 बजके 43 मिनट ले।
दिन- बुध।
स्वाति नक्षत्र
सबरे के 07 बजके 59 मिनट ले।
सौभाग्य जोग
दिन के 09 बजके 00 मिनट ले।
शकुनि करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन काम में तेजी देखल जाई। परिवार में खुसी के माहौल बनल रही। धन लाभ के योग बा, बस खरचा पs तनिका नियंत्रण जरूरी बा।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
मन तनिका अशांत रह सकेला, बाकिर सकारात्मक सोच राखीं। नौकरी-व्यापार में नया मौका मिल सकेला। जीवनसाथी के सहजोग मिली।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
जतरा के योग बनत बा। पढ़ाई-लिखाई में ध्यान लागी। आर्थिक इस्थिति पहिले से मजबूत होई। स्वास्थ्य में सुधार होई।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
परिवार में कवनो सुभ काम के चरचा हो सकेला। ऑफिस में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। प्रेम संबंध में मधुरता बढ़ी।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज प्रतिष्ठा बढ़े के दिन बा। सामाजिक काम में सम्मान मिली। धन लाभ के संकेत बा, बस जल्दबाजी से बचीं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कामकाज में कुछ चुनौती मिल सकेला, बाकिर धीरज राखीं। परिवार से पूरा सहजोग मिली। पुरान काम पूरा होई।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज मानसिक शांति मिली। नया लोगन से मुलाकात लाभदायक रही। आर्थिक लाभ के संगे महत्वपूर्ण फैसला हो सकेला।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
आज दिन सामान्य रही। स्वास्थ्य पs ध्यान दी। पुराना पैसा अटकल बा त उ वापस मिल सकेला। विवाद से दूरी बनाईं।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

काम में सफलता मिली। अधिकारी लोग खुस रही। परिवार में उत्साह का माहौल रही। धन लाभ आ उन्नति के दिन।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज सावधानी से काम करीं। खरचा बढ़ सकेला। कार्यस्थल पs कुछ तनाव संभव, बाकिर सांझ तक इस्थिति ठीक हो जाई।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

भाग्य साथ देत रही। नया अवसर मिले के पूरा योग बा। प्रेम संबंध मजबूत होई। जतरा के फायदा मिली।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन पs नियंत्रण जरूरी। परिवार में छोट-मोट बात पs विवाद हो सकेला। आर्थिक इस्थिति सुधरे के योग बा।
Read Also: Azam Khan : आजम खान आ अब्दुल्ला के फेर जेल भेजल गइल: रामपुर कोर्ट देलस 7-7 साल के सजा







