17 मई 2024 के राशिफल

Share

दिनांक-17/05/2024
श्री गणेशाय नम:

 

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- नवमी

सबेरे के 08 बजके 49 मिनट ले,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- सुक।

पूर्व फाल्गुनी  नक्षत्र

रात के 09 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।

व्याघात जोग

दिन के 09 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद हर्षण जोग।

कौलव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 18/05/2024

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- दशमी

दिन के 11 बजके 23 मिनट ले।

दिन- सनीचर।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

रात के 12 बजके 23 मिनट ले।

हर्षण जोग

दिन के 10 बजके 24 मिनट ले।

गर करण।

 

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

बेकार के भाग-दउर रही। संघतिया से मतभेद हो सकत बा। बेवसायिक पक्ष मजबूत होई। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। अधूरा काम पूरा होई। नौकरी में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। बेवसाय में लाभ होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

काम में अड़चन आ सकत बा। भाग-दउर रही। मानसिक तनाव बन सकत बा। मांगलिक उत्सव में सामिल होखेम। स्वास्थ से जुड़ल परेसानी हो सकत बा।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

माई-बाबूजी के सहजोग मिली। नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली। आर्थिक ममिला में नुकसान पहुंच सकत बा। सावधानी बरतीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

संतान के जिम्मेवारी पूरा होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। शिक्षा में बढ़न्ती होई। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो नाया काम के योजना बनी। संघतिया के सहजोग मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मानसिक तनाव बन सकत बा। भाग-दउर रही। संघतिया के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। नौकरी में बढ़न्ती। शिक्षा के क्षेत्र में डेग आगा बढ़ी।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जीवन साथी के सहजोग मिली। रचना के काम सफल होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। उपहार भा सम्मान बढ़ी। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भावुकता पs लगाम राखीं। वाद-विवाद से बांची। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। बेवसायिक कोसिस सफल होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पेट से जुड़ल परेसानी बन सकत बा। मानसिक तनाव बनल रही। जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

जीवन साथी के सहजोग मिली। कवनो काम के लेके चिंता रही। लमहर समे से चलल आ रहल परेसानी दूर होई। शिक्षा के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। स्वास्थ के लेके धेयान राखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। वाद-विवाद से बांची। स्वास्थ के लके धेयान राखीं। कवनो नाया काम के योजना बनी। जतरा के संजोग बन रहल बा। सावधानी बरतीं।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-