17 जून 2025 के राशिफल

राशिफल

Share

दिनांक- 17/06/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन के 02 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- मंगर।

 शतभिषा नक्षत्र

रात के 01 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।

विष्कुम्भ जोग

दिन के 09 बजके 34 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रीति जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 18/06/2025

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन के 01 बजके 35 मिनट ले।

दिन- बुध।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 12 बजके 23 मिनट ले।

प्रीति  जोग

दिन के 07 बजके 40 मिनट ले।

बव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

राउर आदतन से परिजन परेसान रही लोग। संघतिया लोगन के सहजोग से रुकल काम पूरा होई, आलसी रवइया से महत्वपूर्ण काम फंसल रही। संतान के बेवहार से मन दुखी होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

दिन उपयोगी रही। कवनो विशेष व्यक्तित्व से सम्पर्क नया ऊर्जा के संचार करी। बाबूजी से संबंध मधुर होई। दोस्तन के संगे मेल जोल बढ़ी। आर्थिक ममिलन में सतर्क रहला के जरूरत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

परिजनन से संबंध कमजोर होई। प्रेम प्रसंग के कारण तनाव आ चिंता बढ़ सकत बा। भाइयन से सहजोग ना मिलला से काम के पूरा होखे में परेसानी आई, जतरा के जोग बा।
 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

बिना बात के क्रोध मत करीं, आपन बेवहार शालीन करीं। दूसर लोगन के देखा देखी कइला से बचीं, बियाह में आ रहल अड़चन दूर होई। बेयपार में मन ना लगला से आर्थिक नुकसान सम्भव बा, उधार दिहल पईसा वापस मिल सकत बा।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

दिन सुभ बा। मांगलिक आयोजनन में सामिल होखेम। परिजनन से उचित प्रेम सम्मान मिली। माता के स्वास्थ में कमी के संभावना के संगही आर्थिक धन कोष में कमी आई। भवन भूमि निवेश सुभ रही।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

नौकरी में चल रहल तनाव बड़ रूप ले सकत बा, आवास निवास बदलला के जोग बा। स्वास्थ में कमी अइला के संगही जीवनसाथी के सहजोग ना मिलला से परेसान रहेंम। चिंता में बढ़न्ती होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

अपना जीवन शैली में बदलाव ले आई, राजनीति से जुड़ल लोगन खातिर समय सीख वाला बा। उचित होई कि अपना विचारन के बदलीं आ सकारात्मक सोच रखीं। कार्य विस्तार के जोग के संगही संतान के स्वास्थ पs धेयान दीं।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

कम बोलीं आ काम बेसी करीं। संतान के बियाह में हो रहल विलंब से चिंता बढ़ी, बना बनावल काम बिगड़ला से तनाव में बढ़न्ती हो सकत बा। जमीन जायदाद से जुड़ल विवाद समय रहते सुलझा लीं ना तs लम्बित होई।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

ऊंच बने के चक्कर में दूसर के कइ एहसानन के नजरअंदाज मत करीं। रउआ मतलबी बने से बचीं, संतान के क्रियाकलान प धेयान देला के संगही आर्थिक ममिलन के लेके सतर्क रहीं।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम के अधिकता के बीच तनाव के हावी मत होखे दीं। जीवन साथी के गलती से परेसानी के सामना करे के पड़ी। माई बाबूजी से कवनो विशेष मुद्दन प चरचा होई। कॅरियर खातिर निर्णय लेवे के वक्त बा।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

पारिवारिक माहौल सुखद रही। मांगलिक आयोजनन में सामिल होखेम। धेयान रहे दूसरा के निजी ममिलन में दखल मत दीं। लमहर समे से चलल आ रहल पारिवारिक समस्या के अंत होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

बेयपार में बदलाव के बीच संघतिया लोगन से सहजोग मिली। कवनो अनजान भय से ग्रसित रहेंम। आर्थिक समृद्धि के संगही धन निवेश खातिर उपयुक्त समय बा। राजनीति से जुड़ल लोगन से मेलजोल बढ़ी।

Read Also: NEET UG 2025 Topper: नीट यूजी में महेश बनलें ऑल इंडिया टॉपर, लईकियन में अविका अग्रवाल अव्वल; देखीं सूची

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-