13 सितंबर 2022 के राशिफल

Share

दिनांक- 13/09/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथी- तृतीया

दिन में 10 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्थी।

दिन- मंगर।

रेवती नक्षत्र

सबेरे 06 बजके 36 मिनट ले,

ओकरा बाद अश्विनी नक्षत्र।

वृद्धि जोग

सबेरे 07 बजके 36 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव जोग।

विष्टि करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 14/09/2022

आश्विनी कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्थी

दिन में 10 बजके 25 मिनट ले।

दिन- बुध।

अश्विनी नक्षत्र

सबेरे 06 बजके 57 मिनट ले।

ध्रुव जोग

सबेरे 06 बजके 17 मिनट ले।

वालव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिने लेन-देन में कवनो जल्दीबाजी मत करीं।  खरचा बढ़ सकेला। बेवसायिक जिनगी सामान्य रही। परीक्षा में सफलता मिले के जोग बन रहल बा। संतान से जुडल कवनो बात परेसान क सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

पैतृक संपत्ति से लाभ हो सकेला। सरकारी नौकरीपेशा लोगन खातिर दिन अनुकूल बा। बेवसायी लोगन के लाभ हो सकेला। आपन कीमती चिझन के संभार के राखीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन मन प्रसन्न रही। सेहत में उतार चढ़ाव आ सकेला। कवनो तीसर के वजे से प्रेम जिनगी में खटास आ सकेला। कानूनी ममिलन में अड़चन आ सकेला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

जीवन साथी के सेहत के खेयाल राखीं। ख़र्चा बढ़ सकत बा। प्रेमी का प्रति गलतफहमी के शिकार हो सकत बानी। अपना खान-पान के खेयाल राखीं। सुरुज देवता के जल चढ़ाईं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन के काम के दौरान सावधानी बरते के होई ना तs हानी हो सकत बा। दफ्तर में वरिष्ठ अधिकारियन से मनमुटाव संभव बा। प्रेमी के संगे निम्मन समे बीती।  लल

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

करियर में कइल गइल मेहनत के फल आज मिली। लोग राउर सरहाना करी। नया नौकरी के अवसर मिल सकत बा। माथा के दरद से परेसान हो सकत बानी। बेकार के खरचा से तनाव हो सकत बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। प्रेमी के संगे तालमेल बइठा के चलीं। नौकरी में प्रमोशन के जोग बन रहल बा। जतरा के दौरान कुछ महत्वपूर्ण लोगन से भेंट हो सकत बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मौज-मस्ती में समे बीती। सेहत निम्मन रही। दफ्तर में लोग राउर योग्यता के सराही। सहकर्मियन के सहजोग मिली। केहू के दिहल पईसा वापस मिल सकत बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज ऑफिस में राउर काम से बॉस के खुसी मिली। छात्रन के पढ़ाई में मन लागी। साँझ के बेरा तनिका सेहत संबंधी परेसानी हो सकेला। आज गणेश जी के मोदक के भोग लगाई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज पूरा दिन उत्साह से भरल रहब। खरचा तनिका परेसान कs सकत बा। सेहत पs मौसम के प्रभाव पड़ सकेला। बेवसाय में लाभ के जोग बन रहल बा। हर काम धीर राख के करीं।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज अपना व्यस्त दिनचर्या में से समे निकाल के परिवार के संगे समे बिताएम। जीवन साथी के संगे निम्मन समे बीती। पारिवारिक रिश्ता मजबूत होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज वित्तीय समस्या के सामना करे के पड़ सकत बा।तरक्की के नया अवसर मिल सकत बा। अपना जिद्दी स्वभाव के कारण खुद के गलती के नजरअंदाज मत करीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-