दिनांक- 11/02/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
फाल्गुन कृष्ण पक्ष
तिथि- नवमी
दिन के 09 बजके 59 मिनट में,
ओकरा बाद दशमी।
दिन- बुध।
अनुराधा नक्षत्र
दिन के 10 बजके 52 मिनट ले,
ओकरा बाद ज्येष्ठा नक्षत्र।
व्याघात जोग
रात के 02 बजके 29 मिनट ले,
ओकरा बाद हर्षण जोग।
गर करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 12/02/2026
फाल्गुन कृष्ण पक्ष
तिथि- दशमी
दिन के 12 बजके 22 मिनट ले।
दिन- बियफे।
ज्येष्ठा नक्षत्र
दिन के 01 बजके 42 मिनट ले।
हर्षण जोग
रात के 03 बजके 05 मिनट ले।
विष्टि करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन के ममिला में सतर्क रहीं। फालतू खरचा से बचीं। सेहत ठीक रही, बाकिर खानपान पs ध्यान दीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत से बिगड़ल काम बन सकेला। नौकरी-पेशा लोगन खातिर दिन अच्छा बा। संघतियन से मदद मिली।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर-परिवार के ममिला में जिम्मेदारी बढ़ी। भावुक फैसला मत लीं। बुजुर्गन के सलाह फायदेमंद रही।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान में बढ़न्ती होई। ऑफिस में बॉस खुस रहिहे। नया काम सुरू करे के सोच सकेनी।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

दिन तनिका भागदउड़ वाला रही। सेहत में हल्का कमजोरी महसूस हो सकेला। आराम पs ध्यान दीं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

प्यार आ रिश्तन में मधुरता रही। जीवनसाथी से सहजोग मिली। धन लाभ के जोग बन रहल बा।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज गुप्त दुश्मन से सतर्क रहीं। केहूओ पs जादे भरोसा मत करीं। सांझ के समय राहत मिली।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

जतरा के जोग बा। पढ़ाई-लिखाई में मन लागी। रुकल काम आज पूरा हो सकेला।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

काम के दबाव जादे रही, बाकिर मेहनत रंग ले आई। अधिकारी वर्ग से फायदा मिली।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
नया आईडिया कामयाब होई। बेयपार में लाभ के संकेत बा। संघतिया से खुसी मिली।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज आध्यात्मिक रुझान बढ़ी। मन शांत रही। पूजा-पाठ से सकारात्मक ऊर्जा मिली।







