गोरखपुर: अपना स्थापना के 75वां बरिस में दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय लगातार विद्यार्थियन के उज्ज्वल भविष्य खातिर प्लेसमेंट ड्राइव्स के आयोजन कs रहल बा। बीतल एक महीना में कइयन गो सफल प्लेसमेंट कार्यक्रम आयोजित कइल गइल बा। एही क्रम में आज विश्वविद्यालय के अभियांत्रिकी आ प्रौद्योगिकी संस्थान (आईईटी) में एम्प्लॉयमेंट ब्यूरो, गाइडेंस एंड प्लेसमेंट सेल के ओर से एगो आउर प्रभावशाली कैंपस प्लेसमेंट ड्राइव के आयोजन कइल गइल, जेमे देस के तीन प्रतिष्ठित कंपनी — टाटा इलेक्ट्रॉनिक्स लिमिटेड, विस्ट्रोन आ रीनॉट निसान सामिल भइली सs।
एह प्लेसमेंट ड्राइव में कुल 115 बीटेक विद्यार्थी भाग लिहल लो। एमे सूचना प्रौद्योगिकी से 24, कंप्यूटर विज्ञान आ अभियांत्रिकी से 26, इलेक्ट्रॉनिक्स आउर संचार अभियांत्रिकी से 48 आ यांत्रिक अभियांत्रिकी से 17 छात्र सम्मिलित भइल लो।
कंपनी ऑनलाइन माध्यम से विद्यार्थियन के साक्षात्कार लेली सs। चयनित विद्यार्थियन के मुख्य साक्षात्कार खातिर संबंधित कंपनियन के परिसर में आमंत्रित कइल जाई। कंपनी विद्यार्थियन के प्रदर्शन के सराहना कइली सs आ भविष्य में विश्वविद्यालय के संगे सहभागिता बना के रखे के मंशा व्यक्त कइली सs।
कुलपति प्रोफेसर पूनम टंडन विद्यार्थियन के बधाई देत कहली कि विश्वविद्यालय के लक्ष्य खाली शिक्षण तक सीमित नइखे, बलूक ओह लोगन के वैश्विक प्रतिस्पर्धा खातिर तइयार कइल बा। ऊ विद्यार्थियन के रोजगारपरक शिक्षा के प्रति सजग रहे के संदेश देले।
एम्प्लॉयमेंट ब्यूरो के निदेशक प्रोफेसर अजय कुमार शुक्ला कहलें कि विश्वविद्यालय के प्लेसमेंट सेल विद्यार्थियन आ उद्योगों के बीच सेतु के भूमिका बखूबी निभा रहल बा। ऊ आश्वासन देलें कि भविष्य में अउरियो प्रतिष्ठित राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय कंपनियन के आमंत्रित कs के विद्यार्थियन के अवसर उपलब्ध करावल जाई।
ई कार्यक्रम ना खाली विद्यार्थियन खातिर एगो सुनहरा अवसर रहे, बलुक विश्वविद्यालय खातिर एगो गर्वपूर्ण उपलब्धि रहल, जवन अकादमिक उत्कृष्टता आ औद्योगिक सहभागिता के बीच सशक्त संबंध के आउर प्रगाढ़ कइलस।
Read Also: