10 नवंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 10/11/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 12 बजके 08 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- सोमार।

पुनर्वसु नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 48 मिनट ले,

ओकरा बाद पुष्य नक्षत्र।

साध्य जोग

दिन के 12 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद शुभ जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 11/11/2025

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

रात के 11 बजके 09 मिनट ले।

दिन- मंगर।

 पुष्य नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 18 मिनट ले।

शुभ जोग

दिन के 09 बजके 44 मिनट ले।

विष्टि करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन परिवार में खुशहाली के माहौल रही। नया काम सुरू करे के सोचत बानी तs समय अनुकूल बा। संगे-संगे खर्चा पs कंट्रोल राखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

कारोबार में लाभ हो सकेला। धन आवे के योग बन रहल बा। प्रेम संबंध में मजबूती आई। सेहत पs ध्यान दीं, थकान महसूस हो सकेला।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन भाग्य साथ दी। नोकरी में तरक्की के योग बा। संघतिया से भेट हो सकेला। घर में माहौल खुशनुमा रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

तनिका मानसिक तनाव महसूस हो सकेला। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ी। ध्यान आ योग से मन शांत राखीं। परिवार के समर्थन मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन आत्मविश्वास बढ़ी। नोकरी भा बेयपार में सफलता के योग बा। बड़ फैसला लेवे से पहिले परिवार से सलाह जरूर लीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज धन लाभ के संभावना बा। पुरान विवाद सुलझ सकेला। घर के बड़ सदस्य से आसीरबाद मिली। सेहत ठीक रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

दफ्तर में मेहनत के पूरा फल मिली। जीवनसाथी के सहजोग से मन प्रसन्न रही। विद्यार्थी लोग के पढ़ाई में मन लागी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

अचानक यात्रा के संभावना बा। धन खर्च बढ़ी। सोच-समझ के खर्च करीं। प्रेमी-प्रेमिका के बीच गलतफहमी दूर हो सकेला।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्यशाली दिन बा। नया अवसर मिली। धार्मिक काम में मन लागी। नोकरी वाला लोग के प्रमोशन के योग बन रहल बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। काम के बोझ तनिका बढ़ सकेला। शांत मन से काम करीं, सफलता जरूर मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन परिवार में खुशहाली रही। बेयपार में नफा के योग बा। संतान से सुख प्राप्त होई। नया योजना पs काम सुरू हो सकेला।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

मित्र आ परिजन से सहजोग मिली। धन लाभ के संभावना बा। जतरा सफल होई। स्वास्थ्य में सुधार देखे के मिली।

Read Also: Bihar Election 2025 : दूसरका चरण में एह विधानसभा सीटन पs सांझा के चार बजे तक होई वोटिंग, आज प्रचार के आखिरी दिन

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-