Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फरवरी में 1.49 लाख करोड़ GST कलेक्शन, महंगा उत्पाद -घरेलू बाजार देखवलस दम

643

GST Collection in Febraury: फरवरी 2023 में गुड्स एंड सर्विसेज टैक्स (GST) कलेक्शन में एक बेर फेर बढ़न्ती भइल बा। फरवरी में जीएसटी रेवेन्यू कलेक्शन (GST Revenue Collection) सालाना आधार पs लगभग 12 फीसदी बढ़के 1,49,577 करोड़ रुपिया रहल बा।

वित्त मंत्रालय द्वारा जारी बयान में कहल गइल बा कि मंथली जीएसटी राजस्व लगातार 12 महीना 1.4 लाख करोड़ रुपिया से अधिका रहल। एकरा पहिले फरवरी 2022 में जीएसटी कलेक्शन 1,33,026 करोड़ रुपिया रहे। फरवरी में कुल रेवेन्यू में CGST 27,662 करोड़ रुपिया, SGST 34,915 करोड़ रुपिया, IGST 75,069 करोड़ रुपिया आ सेस 11,931 करोड़ रुपिया रहल बा।

GST कलेक्शन के ई बा रिकॉर्ड

फरवरी में घरेलू आर्थिक गतिविधियन आ उपभोक्ता खर्च में बढ़ला के कारण 12 प्रतिशत बढ़के 1.49 लाख करोड़ रुपिया भइल बा। हालांकि, जनवरी के तुलना में फरवरी में जीएसटी कलेक्शन में गिरावट आइल बा। जनवरी, 2023 में 1.57 लाख करोड़ रुपिया के कर संग्रह भइल रहे, जवन अबतक के दूसरा सर्वोच्च स्तर बा। एकरा पहिले अप्रैल, 2022 में अभी तक के सबसे अधिका कलेक्शन भइल रहे। ओह अवधि में 1.68 लाख करोड़ रुपिया जीएसटी कलेक्शन भइल रहे। जनवरी के तुलना में कमी पs वित्त मंत्रालय कहले बा कि फरवरी महीना में 28 दिन होखला से अमूमन जीएसटी संग्रह आउर महीनन के तुलना में कम होला। ओहिजा जदि फरवरी 2022 से तुलना कइल जाव तs ओह दौरान जीएसटी कलेक्शन 1.33 लाख करोड़ रुपिया रहल रहे।

काहे बढ़ल GST

केपीएमजी के भारत में पार्टनर (अप्रत्यक्ष कर) अभिषेक जैन कहलें कि जीएसटी संग्रह में ई बढ़न्ती घरेलू बाजार के भीतर बढ़त आत्मनिर्भरता के दर्शावत बा। ऊ एकरा के भारतीय अर्थव्यवस्था खातिर सकारात्मक संकेत बतवलें। ओहिजा रेटिंग एजेंसी इक्रा के मुख्य अर्थशास्त्री अदिति नायर कहली कि एह महीनन में वस्तुअन के आयात से मिले वाला राजस्व के बजाय घरेलू कारोबार से मिले वाला कर में बढ़न्ती भइल बा। ऊ उम्मीद जतवली कि वित्त वर्ष 2022-23 खातिर सीजीएसटी संग्रह लक्ष्य के हासिल कs लिहल जाई। एन.ए.शाह एसोसिएट्स के पराग मेहता कहलें कि उपभोक्ता लोगन के तरफ से महंगा उत्पादन पs खर्च बढ़ल बा जवना के नतीजा कर संग्रह बढ़न्ती के रूप में सामने आइल बा।

साभार: एबीपी न्यूज़

473820cookie-checkफरवरी में 1.49 लाख करोड़ GST कलेक्शन, महंगा उत्पाद -घरेलू बाजार देखवलस दम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.