08 मार्च 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 08/03/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 09 बजके 11 मिनट में,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- अतवार।

स्वाति नक्षत्र

दिन के 01 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद विशाखा नक्षत्र।

ध्रुव जोग

सबेरे के 07 बजके 03 मिनट ले,

ओकरा बाद व्याघात जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 09/03/2026

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि-षष्ठी

रात के 11 बजके 27 मिनट ले।

दिन- सोमार।

विशाखा नक्षत्र

दिन के 04 बजके 11 मिनट ले।

व्याघात जोग

सबेरे के 07 बजके 35 मिनट ले।

गर करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज सामाजिक भा पारिवारिक ममिलन में तनिका तनाव हो सकत बा। कवनो निर्णय से पहिले सोच-समझके डेग उठाई। आर्थिक ममिलन में सावधानी रखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

कामकाज में अनुशासन बना के रखीं। बातचीत के दौरान शब्दन के चयन सावधानी से करीं। परिवार से सहजोग मिल सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज रचनात्मक कामन में सफलता मिल सकत बा। लईकन भा परिवार के संगे समय बितावे के अवसर मिली। नया योजनन पs काम सुरू हो सकत बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर-परिवार से जुड़न ममिलन में ध्यान देवे के पड़ी। वित्तीय ममिलन में तनिका अनिश्चितता रह सकत बा, एहिसे खरचा सोच-समझके करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

काम के प्रति उत्साह रही। नया संघतिया बन सकत बा आ सामाजिक दायरा बढ़ सकत बा। हालांकि मन में तनिका असंतोष महसूस हो सकत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में समझदारी जरूरी बा। स्वास्थ्य के ध्यान रखीं आ काम के दबाव कम करे के कोसिस करीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज आत्म-विकास आ रचनात्मक कामन में सफलता मिल सकत बा। बाकिर प्रेम संबंध में सावधानी बरतल बेहतर रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज विवादन से दूर रहल बेहतर रही। एकांत में समय बिताके मानसिक शांति मिल सकत बा।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

घर पs अचानके मेहमान आ सकत बा लोग। भविष्य के योजना पs ध्यान देवे के अच्छा समय बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

करियर आ बेवसाय में बेवहारिक दृष्टिकोण अपनावे से लाभ होई। आर्थिक ममिलन में अनुशासन बनाके रखीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

मानसिक आ आध्यात्मिक ऊर्जा के संतुलित करे के दिन बा। तकनीकी भा काम से जुड़ल छोट परेसानी आ सकत बा।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आत्मचिंतन आ रिसर्च से लाभ मिली। कवनो प्रतिष्ठित व्यक्ति से मुलाकात हो सकत बा।

Read Also: Bhojpuri Wedding Song : यायावरी वाया भोजपुरी लेके आ रहल बा बियाह गीतन के सीरीज, “कहवां बाड़े भाई” भइल रिलीज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-