08 अप्रिल 2025 के राशिफल

Anurag Ranjan
राशिफल

 दिनांक- 08/04/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र शुक्ल पक्ष 

तिथि- एकादशी

रात के 09 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद द्वादशी।

दिन- मंगर।

आश्लेषा नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद मघा नक्षत्र।

शूल जोग

सांझ के 06 बजके 10 मिनट ले,

ओकरा बाद  गण्ड जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक-09/04/2025

चैत्र शुक्ल पक्ष

तिथि- द्वादशी

रात के 10 बजके 55 मिनट ले।

दिन- बुध।

मघा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 55 मिनट ले।

गण्ड जोग

सांझ के 06 बजके 25 मिनट ले।

 बव करण।

 

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

कइल गइल मेहनत सार्थक होई। आर्थिक ममिलन में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आर्थिक ममिलन में सुधार होई। रिश्तन में मजबूती आई। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

बहुत उम्मेद के काम पूरा होखल से आत्मविश्वास में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। बेवसायिक कोसिस सफल रही।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 स्वास्थ्य के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। कवनो रिश्तेदार भा व्यक्ति विशेष से तनाव मिल सकत बा।  जीवनसाथी के सहजोग मिली।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

धार्मिक प्रवृत्ति में बढ़न्ती होई। संतान के दायित्व पुरा होई। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

रिश्तन में निकटता आई। महिला अधिकारी के सहजोग मिली। बेवसायिक प्रतिष्ठा बढ़ी। उपहार भा सम्मान में बढ़न्त होई।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

धार्मिक प्रवृत्ति में बढ़न्ती होई। मांगलिक भा सांस्कृतिक उत्सव में हिस्सेदारी रही। रचनात्मक प्रयास सफल होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

शासन सत्ता के सहजोग मिली। बेमन के यात्रा करे के पड़ सकत बा। व्यक्ति विशेष के कारण तनाव मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक ममिलन में बढ़न्ती होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

रचनात्मक प्रयास सफल होई। जीवनसाथी से तनाव मिल सकत बा। बेकार के उलझन रही। आर्थिक ममिलन में जोखिम मत उठाई।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

संतान के दायित्व पूरा होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरुरी वस्तुअन में बढ़न्ती होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

घर के जरुरी सामानन में बढ़न्ती होई। मांगलिक भा सांस्कृतिक उत्सव में हिस्सेदारी रही। रचनात्मक प्रयास सफल होई।

Read Also: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ पहिलकी मेहरारू के छोड़ फेर बदलले धर्म, अइसन रहे धर्मेंद्र आ हेमा के Love story

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment