दिनांक- 03/11/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
कार्तिक शुक्ल पक्ष
तिथि- त्रयोदशी
रात के 02 बजके 06 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्दशी।
दिन- सोमार।
उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र
दिन के 03 बजके 05 मिनट ले,
ओकरा बाद रेवती नक्षत्र।
हर्षण जोग
सांझ के 07 बजके 39 मिनट ले,
ओकरा बाद वज्र जोग।
कौलव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 04/11/2025
कार्तिक शुक्ल पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
रात के 10 बजके 36 मिनट ले।
दिन- मंगर।
रेवती नक्षत्र
दिन के 12 बजके 34 मिनट ले।
वज्र जोग
दिन के 03 बजके 42 मिनट ले।
गर करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन सोच-समझ के फैसला लीं। घर के बड़ लोग के राय जरूर मानीं। नया काम सुरू करे के सोच रहल बानी तs समय अनुकूल बा। सेहत पs ध्यान दीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन यात्रा से बचीं, काहे कि थकान आ मानसिक तनाव हो सकेला। बेयपारी वर्ग के लाभ हो सकेला। परिवार में प्रेम आ समर्पण बढ़ी।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज परिवारिक माहौल खुशनुमा रही। नया योजना सफल होई। नौकरी वाला लोग के प्रमोशन के संभावना बा। धन के लेन-देन में सावधानी रखीं।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

दिन मिश्रित रही। काम में देरी से मन परेशान हो सकेला। खुद पर भरोसा रखीं। सांझ के बाद इस्थिति सुधरी। धार्मिक काम में मन लागी।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन आर्थिक दृष्टि से शुभ बा। पुरान फंसल काम पूरा हो सकेला। नोकरी में अधिकारी लोग खुस रही। सेहत में सुधार होई।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

नया संबंध बने के संभावना बा। मन में उत्साह रही। संघतिया लोगन से सहजोग मिली। खर्चा बढ़ी, बाकिर लाभो होई। परिवारिक संबंध मधुर रही।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन आत्मविश्वास बढ़ी। कारोबार में फायदा मिली। बाहर से सुभ समाचार आई। जतरा से लाभ हो सकेला। सेहत ठीक रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य के साथ आज पूरा रही। शिक्षा, प्रतियोगिता आ परीक्षा में सफलता मिले के संभावना बा। परिवार में आनंद बनी।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज के दिन धन लाभ के योग बा। बाकिर क्रोध पs काबू रखीं। काम में व्यस्तता रही। माता-पिता के सेवा से मन में शांति रही।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज के दिन जतरा सुखद रही। बेवसाय में फायदा मिली। पुरान संघतिया से भेंट हो सकेला। संतान पक्ष से सुभ समाचार मिली।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन मन के इच्छा पूरा होई। नया अवसर मिले के संभावना बा। प्रेम संबंध में मजबूती आई। सेहत में सुधार होई।








