03 मई 2025 के राशिफल

Anurag Ranjan
राशिफल

 दिनांक- 03/05/2025
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

बैशाख शुक्ल पक्ष 

तिथि- षष्ठी

दिन के 07 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- सनीचर।

पुनर्वसु नक्षत्र

दिन के 12 बजके 34 मिनट ले,

ओकरा बाद पुष्य नक्षत्र।

शूल जोग

रात के 01 बजके 40 मिनट ले,

ओकरा बाद गण्ड जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 04/05/2025

बैशाख शुक्ल पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन के 07 बजके 19 मिनट ले।

दिन- अतवार।

पुष्य नक्षत्र

दिन के 12 बजके 53 मिनट ले।

गण्ड जोग

 दिन के 12 बजके 41 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज खर्चन पs नियंत्रण रखला के जरूरत बा। हालांकि, लाभकारी कामन में राउर सक्रियता बनल रही। अपना बुद्धि के प्रयोग कs के रउआ तनिका लाभ अर्जित कs सकत बानी, जवना से रउआ खुशी मिली। कुछ महत्वपूर्ण कामन के पूरा करे खातिर रउआ भाग-दउर करे के पड़ सकत बा। रुकल धन आज मिले के संभावना बा। धार्मिक स्थलन के जतरा के जोग बन रहल बा।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज सबेरे कवनो महत्वपूर्ण काम में सफलता मिलला से पूरा दिन उत्साह भरल रही। रउआ अपना स्वास्थ्य के विशेष ध्यान रखे के होई। बेयपार में बढ़न्ती के संभावना बा आ नौकरी में सहकर्मियन के सहजोग मिली। जतरा के जोग बा, बाकिर पारिवारिक परेसानी बढ़ सकत बा। कुछ नकारात्मक परिस्थिती दिनभर रउआ के परेसान कs सकत बा। मेहमानन के आगमन हो सकत बा।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज सब जरूरी कार्य प्रसन्नतापूर्वक पूरा होत दिखाई दी। राउर मनोकामना पूरा होई आ रउआ सम्मान मिली। राउर प्रतिष्ठा बढ़ावे वाला कुछ सामाजिक काम संपन्न होई। कइयन तरे के हर्ष आ उल्लास के बीच मांगलिक काम संपन्न हो सकत बा। आज के दिन आमोद-प्रमोद से भरल रही आ बेवसायिक क्षेत्र में प्रगति होई।

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज शत्रुअन के भय, चिंता आ संतान से कष्ट हो सकत बा। अनावश्यक खर्चन से बचीं। बेयपार में इस्थिति तनिका नरम रह सकत बा, बाकिर संतोष रखला से रउआ सफलता मिली। धार्मिक कामन में राउर समय आ धन खर्च होई। बेवसायिक कामन में बाधा आ सकत बा, बाकिर लेन-देन में आ रहल रुकावटन के दूर करे के राउर प्रयास सफल होई।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज शैक्षणिक क्षेत्र में रुचि कम रही। जीवनसाथी के सलाह रउआ खातिर फायदेमंद साबित हो सकत बा। बेयपार आ नौकरी में इस्थिति अच्छा रही। बिहान कइल गइल परिश्रम के लाभ रउआ आज मिली। कामकाज में आ रहल बाधा दूर होई आ रउआ बाहरी आ अंदरूनी दुनो तरह से सहजोग मिलत रही। दूसरन के षडयंत्रन से बचीं आ अपना काम पs ध्यान केंद्रित करीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के परिश्रम आ प्रयासन से काम बनावे के कोसिस आज सफल होई आ लाभ मिली। दूसरन के षडयंत्रन में मत पड़ीं आ अपना काम पs ध्यान दीं। बिहान कइल गइल परिश्रम के फल आज मिली। लेन-देन में स्पष्टता बना के रखीं। खान-पान के ध्यान रखीं, स्वास्थ्य संबंधी खर्च हो सकत बा। राउर आय आ व्यय के इस्थिति लगभग समान रही। शैक्षणिक कार्य आसानी से पूरा होत रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज स्वास्थ्य उत्तम रही। बेयपार आ बेवसाय में ध्यान देला से रउआ सफलता मिली। मेलजोल से काम निकाले के कोसिस फायदेमंद साबित होई। अपना काम में सुविधा मिलला से प्रगति होई। जतरा के दूरगामी लाभ मिली। सुविधा आ समन्वय बनल रहला से राउर कामकाज में प्रगति होत रही।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के लेन-देन के बाधा दूर करे के प्रयास आज सफल होई। धार्मिक कामन में राउर समय आ धन खर्च होई। बेवसायिक कामन में कुछ बाधा आ सकत बा। राउर स्वास्थ्य मध्यम रही आ बेयपार में इस्थिति तनिका नरम रह सकत बा। शत्रुअन के भय, चिंता, संतान से कष्ट आ अनावश्यक खर्चन से बचीं। संतोष रखला से रउआ सफलता मिली।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के सुख आ स्वास्थ्य पs आज नकारात्मक प्रभाव पड़ सकत बा। तनिको लापरवाही रउआ के परेसानी में डाल सकत बा। अपना गतिविधियन पs पुनर्विचार करीं। वैचारिक मतभेद आ असंतोष बनल रही। कवनो सूचना के आधार पs जल्दबाजी में निर्णय मत लीं। शत्रुअन के भय, चिंता, संतान से कष्ट आ अनावश्यक खर्चन से बचीं। राउर आय आ व्यय के इस्थिति समान रही।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज अपना विवेक से काम करे के जरूरत बा। केहूओ से वाद-विवाद मत करीं, एह बात के ध्यान रखीं। कामकाज के व्यस्तता के कारण रउआ सुख-आराम में कमी आ सकत बा। धर्म आ कर्म के प्रति राउर रुचि बढ़ी। रउआ श्रेष्ठ लोगन के सहानुभूति मिली। कार्यक्षेत्र में तनाव उत्पन्न हो सकत बा। माता पक्ष से विशेष लाभ के संभावना बा। पूजा-पाठ आदि धार्मिक काम सम्पन्न होई। 

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज अपना प्रियजन से मिले के अवसर मिली। रउआ में कुछ एकाग्रता के प्रवृत्ति विकसित होई। कामकाज के व्यस्तता के कारण रउआ सुख-आराम में कमी आ सकत बा। राउर काम दूसरन के सहजोग से पूरा होई। धर्म आ कर्म में राउर रुचि बढ़ी। मानसिक आ शारीरिक थकान महसूस हो सकत बा। भाई-बहनन के संगे राउर प्रेम बढ़ी।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

एह राशि के जातकन के आज श्रेष्ठ लोगन के सहानुभूति मिली। हालांकि, कुछ अइसन लोग जे राउर हितैषी होखे के दिखावा करेला, ऊ पीठ पीछे रउआ के नुकसान पहुंचावे के कोसिस कs सकत बा लो। परिवार के सदस्यन के सहजोग आ समन्वय राउर काम के आसान बनाई। लाभकारी गतिविधियन में राउर सक्रियता बनल रही। ई समय नकारात्मक परिणाम देवे वाला बन सकत बा, एहिसे सावधानी बरतीं।

Read Also: भारतीय टीम के जदि हमार जरुरत बा तs उपलब्‍ध बानी’, 103 टेस्‍ट के अनुभवी खिलाड़ी भरलें हुंकार

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment