02 फरवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 02/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

रात के 01 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद  द्वितीया।

दिन- सोमार।

आश्लेषा नक्षत्र

रात के 10 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद मघा नक्षत्र।

आयुष्मान जोग

दिन के 07 बजके 20 मिनट ले,

ओकरा बाद सौभाग्य जोग।

बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/02/2026

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- द्वितीया

रात के 12 बजके 40 मिनट ले।

दिन- मंगर।

मघा नक्षत्र

रात के 10 बजके 10 मिनट ले।

 शोभन जोग

रात के 02 बजके 38 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

राहु चंद्र के युति मानसिक पीड़ा देवे वाला बा। मन अज्ञात भय से ग्रसित हो सकत बा। वाणी पs संयम रखीं। रिश्तन में तनाव मत आवे दीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

भाई भा बहिन से तनाव मिल सकत बा। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में आस के मोताबिक सफलता मिली। बेवसायिक कोसिस सार्थक होई। बेकार के उलझनें रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

पारिवारिक तनाव मिल सकत बा। कार्यशैली से लोकप्रियता में बढ़न्ती होई। रचना के प्रयास फलीभूत होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। मांगलिक  भा सांस्कृतिक उत्सव में हिस्सेदारी रही। बेवसायिक कोसिस फलीभूत होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के आवश्यकता बा। वाणी पs संयम रखीं। बेकार के परेसानी आ उलझन मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

दांपत्य जिनगी सुख से भरल होई। ससुराल पक्ष के सहजोग मिली। बेवसायिक ममिलन में प्रगति होई। अज्ञात भय रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

कवनो अइसन घटना हो सकत बा जवन रउआ हित में ना होखे। संतान के दायित्व के पूर्ति होई। चल भा अचल संपत्ति में सफलता मिली।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई। कवनो मूल्यवान वस्तु के भुलइला भा चोरी होखला के आशंका बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

पारिवारिक दायित्व पुरा होई। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। आर्थिक ममिला आगा बढ़ी। जतरा देशाटन संभव बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

दोसरा से सहजोग लेवे में सफलता मिली। बेवसायिक प्रयास फलीभूत होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई। जीविका के क्षेत्र में चल रहल प्रयास सार्थक होई। सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-