01 फरवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 01/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

माघ शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

रात के 03 बजके 39 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- अतवार।

पुष्य नक्षत्र

रात के 11 बजके 57 मिनट ले,

ओकरा बाद आश्लेषा नक्षत्र।

प्रीति जोग

दिन के 10 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद आयुष्मान जोग।

 विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 02/02/2026

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

रात के 01 बजके 52 मिनट ले।

दिन- सोमार।

आश्लेषा नक्षत्र

रात के 10 बजके 47 मिनट ले।

आयुष्मान जोग

दिन के 07 बजके 20 मिनट ले।

बालव करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

अधीनस्थ कर्मचारी, पड़ोसी आदि से सहजोग मिल सकत बा। संतान के प्रति दायित्व पुरा होई। रचना के काम आगा बढ़ी।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

दोसरा से सहजोग लेला से सफलता मिली। पारिवारिक जिनगी सुख से भरल होई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरूरी वस्तुअन में बढ़न्ती होई।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

रचनात्मक प्रयास फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग रही। जीविका के क्षेत्र में बढ़न्ती होई। सामाजिक काम आगा बढ़ी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

स्वास्थ के लेके सचेत रहला के जरुरत बा। खासतौर से मौसम के रोग के प्रति सचेत रहीं। शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र में बेसी मेहनत करे के जरुरत बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

रचना के कोसिस सफल होई। सामाजिक कामन में रुचि बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

शासन सत्ता से सहयोग मिल सकत बा। प्रतिष्ठा में बढ़न्ती होई। माता भा पिता के स्वास्थ के लेके सचेत रहीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

चलल आ रहल समस्या के समाधान होई। विरोधी परास्त होई लो। रचना के कामन में बढ़न्ती होई। बुद्धि कौशल से कइल गइल काम पुरा होई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

बेकार के उलझन रही। अपने लोगन से तनाव मिल सकत बा। स्वास्थ भा प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

ससुराल पक्ष के सहजोग रही। बेवसायिक योजना फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग मिल सकत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

 मांगलिक भा सांस्कृतिक उत्सव में हिस्सेदारी रही। खानपान में सावधानी रखीं। भाई-बहिन के सहजोग रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

व्यस्तता बढ़ी। आर्थिक दबाव रही। वैराग्य के इस्थिति बनी। आराध्य के प्रति आस्था बढ़ी। आंख आ पेट के बेमारी के लेके सचेत रहीं।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

पारिवारिक सदस्य से तनाव मिल सकत बा। बेकार के उलझन रही। स्वास्थ आ प्रतिष्ठा के लेके सचेत रहीं।

 

Read Also: Gorakhpur Crime : गोरखपुर में GST अधिकारी बता 9.50 लाख रुपिया ले भगले बाइक सवार जालसाज, एगो गलती आ लाग गइल चूना

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-