स्पोर्ट्स डेस्क। न्यूजीलैंड क्रिकेट टीम एह दिनन जिम्बाब्वे के दौरा पs बिया। एह दौरान दुनो टीमन के बीच 2 टेस्ट मैचन के सीरीज खेलल जा रहल बा। बुलावायो के क्वींस स्पोर्ट्स क्लब में खेलल जा रहल दूसरका टेस्ट के आज पहिला दिन हs। जिम्बाब्वे टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला लेलस।
टीम में ब्रेंडन टेलर के वापसी भइल बा। जिम्बाब्वे के बल्लेबाज आ पूर्व कप्तान ब्रेंडन टेलर बियफे के चार साल बाद इंटरनेशनल क्रिकेट में सफल वापसी कइलें। एकरा पहिले 2021 में उ बांग्लादेश के खिलाफ टेस्ट खेलत नजर आइल रहस। टेलर 2004 में श्रीलंका के खिलाफ टेस्ट डेब्यू कइले रहस।
न्यूजीलैंड के खिलाफ ब्रेंडन टेलर अपना करिअर के 35वां टेस्ट खेल रहल बाड़ें। टेलर 21वीं सदी में डेब्यू करे वाला सब क्रिकेटरन में सबसे लमहर टेस्ट करिअर के ममिला में इंग्लैंड के महान तेज गेंदबाज जेम्स एंडरसन के पीछे छोड़ देलें। 1989 के बाद से खाली भारत के दिग्गज सचिन तेंदुलकर के टेलर से जादे लमहर टेस्ट करिअर रहे। सचिन 24 साल आ 1 दिन में 200 टेस्ट मैच खेलले बाड़ें।
सबसे लमहर टेस्ट करिअर
- विल्फ्रेड रोड्स: इंग्लैंड, 1 जून, 1899 से 12 अप्रैल, 1930- 30 साल 315 दिन्र
- ब्रायन क्लोज: इंग्लैंड, 23 जुलाई, 1949 से 13 जुलाई, 1976- 26 साल 356 दिन
- फ्रैंक वूल: इंग्लैंड, 9 अगस्त, 1909 से 22 अगस्त, 1934- 25 साल 13 दिन
- जॉर्ज हेडली: वेस्टइंडीज, 11 जनवरी, 1930से 21 जनवरी, 1954- 24 साल 10 दिन
- सचिन तेंदुलकर: भारत, 15 नवंबर, 1989से 16 नवंबर, 2013- 24 साल 1 दिन
- जॉन ट्रेकोस: दक्षिण अफ्रीका/जिम्बाब्वे, 5 फरवरी, 1970 से 17 मार्च, 1993- 23 साल 40 दिन
- जैक हॉब्स: इंग्लैंड, 1 जनवरी, 1908 से 22 अगस्त, 1930- 22 साल 233 दिन
- जॉर्ज गन: इंग्लैंड, 13 दिसंबर, 1907 से 12 अप्रैल, 1930- 22 साल 120 दिन
- सिड ग्रेगरी: ऑस्ट्रेलिया, 21 जुलाई, 1890 से 22 अगस्त, 1912- 22 साल 32 दिन
- फ्रेडी ब्राउन: इंग्लैंड, 29 जुलाई, 1931 से 30 जून, 1953- 21 साल 336 दिन
- डेव नर्स: दक्षिण अफ्रीका, 11 अक्टूबर, 1902 से 19 अगस्त, 1924- 21 साल 313 दिन
- ब्रेंडन टेलर: जिम्बाब्वे, 6 मई, 2004 से 7 अगस्त, 2025- 21 साल 93 दिन
- जेम्स एंडरसन: इंग्लैंड, 22 मई, 2003 से 12 जुलाई, 2024- 21 साल 51 दिन
- चंद्रपॉल: वेस्टइंडीज, 17 मार्च, 1994 से 3 मई, 2015- 21 साल 47 दिन
न्यूजीलैंड की प्लेइंग इलेवन
विल यंग, डेवोन कॉनवे, हेनरी निकोल्स, रचिन रवींद्र, डेरिल मिशेल, टॉम ब्लंडेल (विकेट कीपर), मिचेल सेंटनर (कप्तान), जकारी फाउलकेस, मैट हेनरी, मैथ्यू फिशर, जैकब डफी।
जिम्बाब्वे की प्लेइंग इलेवन
ब्रायन बेनेट, ब्रेंडन टेलर, निक वेल्च, सीन विलियम्स, क्रेग एर्विन (कप्तान), सिकंदर रजा, तफदज्वा त्सिगा (विकेटकीपर), विंसेंट मसेकेसा, ब्लेसिंग मुजराबानी, तनाका चिवांगा, ट्रेवर ग्वांडू।
Read Also: Adani Power : अदाणी पावर के मिलल बिहार के मेगा थर्मल पावर प्रोजेक्ट, तीन अरब डॉलर के होई निवेश