स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच आईसीसी महिला वनडे वर्ल्ड कप 2025 के फाइनल मुकाबला के तइयारी जोर-शोर से चल रहल बा। ई ऐतिहासिक मैच अतवार के नवी मुंबई के डीवाय पाटिल स्टेडियम में खेलल जाई। अबकि बेर दुनिया के एगो नया वर्ल्ड चैंपियन देखे के मौका मिली। बाकिर, फाइनल से पहिले क्रिकेट प्रेमियन के चेहरा पs चिंता के बादल छा गइल बा- काहे कि मौसम विभाग बरसात के संभावना जतवले बा।
फाइनल के दिने बरसात के प्रबल संभावना
एक्यूवेदर के रिपोर्ट अनुसार, सनिचर के 86 फीसदी बरसात के संभावना बा, जबकि अतवार के माने मैच के दिन 63 फीसदी बरसात हो सकेला। खास कs के 4 बजे से 7 बजे के बीच 50 फीसदी तक बरखा के आसार बतावल गइल बा। इयाद करीं कि एह स्टेडियम पs पहिलहू भारत आ बांग्लादेश के बीच एगो मुकाबला बरखा के चलते रद्द हो चुकल बा।
महाराष्ट्र में येलो अलर्ट
महाराष्ट्र मौसम विभाग के मोताबिक, नवी मुंबई सहित आसपास के इलाकन में येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। कइयन जगहन पs बरखा आ तेज हवा के चेतावनी बा। फाइनल से पहिले मौसम के ई हाल क्रिकेट फैंस के बेचैन कइले बा।
का बा रिजर्व डे?
आईसीसी महिला वर्ल्ड कप फाइनल खातिर रिजर्व डे के बेवस्था कइल गइल बा। माने- जदि अतवार के मैच बरखा से ना हो सकल तs सोमार के दिने मैच पूरा करावल जाई। बाकिर सोमरो के दिन राहत नइखे, काहे कि एक्यूवेदर के मोताबिक 55 फीसदी बरखा के संभावना ओहू दिन बा।
अगर बरखा से धुल गइल फाइनल तs का होई
जदि दुर्भाग्य से अतवार आ सोमार दुनो दिन मैच ना हो सकल, तs ट्रॉफी भारत आ दक्षिण अफ्रीका दुनो टीम में बांट दिहल जाई। माने दुनो देस संयुक्त चैंपियन कहलाई। ई नतीजा कवनो क्रिकेट प्रेमी ना देखे के चाही। सब लोग अब इहे दूआ मांग रहल बा कि इंद्रदेव मेहरबान हो जास आ मैच पूरा होखे, ताकि दुनिया के एगो नया महिला क्रिकेट वर्ल्ड चैंपियन मिले।
Read Also: 4200 Crore Scam : US में भारतीय मूल के CEO पs लागल 4200 करोड़ के धोखाधड़ी के आरोप, का बा पूरा ममिला?








