Luthra Brothers : के हs लूथरा ब्रदर्स? जे क्लब के बिजनेस से दुनिया भर में कमइलस नाम, गोवा अग्निकांड के बाद थाईलैंड भागल

Loothra Brothers linked to Goa nightclub fire case reportedly fled to Thailand as police investigation intensifies.

Share

नई दिल्ली। गोवा नाइटक्लब फायर में अरपोरा इस्थित बर्च बाय रोमियो लेन क्लब में सनिचर के रात भइल भीषण आग में 25 लोगन के जान चल गइल, जबकि कइयन लोग घायल भइल बा। गोवा पुलिस एह हादसा में मैनेजर सहित चार लोगन के गिरफ्तार कs चुकल बिया, बाकिर क्लब के मालिक लूथरा ब्रदर्स देस छोड़के थाईलैंड भाग गइल बाड़ें सs। अब सवाल उठत बा कि ई दुनो भाई आखिर हs के?

सोमार के गोवा पुलिस, दिल्ली पुलिस के संगे मिलके हडसन लेन में लूथरा ब्रदर्स के घरे छापा मरलें। घर पs दुनो भाई ना मिललें, बाकिर पुलिस परिवार के लोगन से घंटा भर पूछताछ कइलस। घर के बाहर नोटिस चिपकावल गइल। सात दिसंबर के सांझ दिल्ली पुलिस, गोवा पुलिस के अनुरोध पs, दुनो भाइयन के खिलाफ LOC जारी कs देलस।

मुम्बई में इमिग्रेशन विभाग से मिलल जानकारी के मोताबिक, दुनो भाई सात दिसंबर के भोर में 5:30 बजे घटना के कुछे घंटन बाद फ्लाइट 6E 1073 से फुकेत, थाईलैंड भाग गइल लोग। एकरा से साफ बा कि ऊ लोग जांच से बांचे खातिर भागल बा। अब गोवा पुलिस इंटरपोल के मदद लेके लूथरा ब्रदर्स के पकड़े के कोसिस में बिया।

के हs लूथरा ब्रदर्स

दिल्ली निवासी गौरव लूथरा (44 साल) आ सौरभ लूथरा (40 साल) सगा भाई हs लाेग। दुनो लोग मिलके देसभर में आपन रेस्टोरेंट, बार आ नाइटक्लब के चेन चलावत रहे लोगा। गोवा वाला क्लब एही भाई लोग के हs।

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, सौरभ लूथरा के लिंक्डइन प्रोफाइल में दर्ज बा कि ऊ Romeo Lane, Birch, मामा’स बूई के चेयरमैन हs। इंजीनियरिंग छोड़के ऊ हॉस्पिटैलिटी में हाथ अजमवलस आ 2016 में रोमियो लेन क्लब के सुरुआत कइलस। धीरे-धीरे कारोबार बढ़त गइल।

रिपोर्ट के अनुसार, आज लूथरा ब्रदर्स के भारत के 22 शहर में आ चार देस में रेस्टोरेंट आ बार चलत बा। जानकारी इहो सामने आइल बा कि एह लोगन के बिजनेस में एगो आउर पार्टनर बा, जवना के खोज पुलिस कs रहल बा।

अब तक के कार्रवाई

गोवा पुलिस अभी तक चार आरोपी- चीफ जनरल मैनेजर राजीव मोदक, जीएम विवेक सिंह, बार मैनेजर राजीव सिंघानिया आ गेट मैनेजर रियांशु ठाकुर के पकड़ चुकल बिया।

दिल्ली में सिविल लाइन्स वाला रोमियो लेन पs MCD के नोटिस लागल रहे, काहे कि उहवां क्षमता से जादे ग्राहक बइठावल जात रहे। नोटिस पs कार्रवाई अभी तक साफ ना भइल।

अतवार के रात दिल्ली क्राइम ब्रांच के मदद से मैनेजर भरत कोहली के गिरफ्तार कइल गइल, जवन क्लब के दैनिक कामकाज संभारत रहे। एह बड़ हादसा के बाद लूथरा ब्रदर्स के पूरा बिजनेस चेन पुलिस के रडार पs आ गइल बा।

Read Also: Maharastra News : सरकार के रडार पs 719 कर्मचारी, फर्जी सर्टिफिकेट इस्तेमाल करे के शक; मंत्री देलें जानकारी 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-