Arup Biswas Resignation : बंगाल के खेल मंत्री अरूप बिस्वास के इस्तीफा, मेसी के कार्यक्रम में बवाल के बाद छोड़लें पद

West Bengal sports minister Arup Biswas resigns after Messi event controvers

Share

नई दिल्ली। बंगाल में मेसी के कार्यक्रम से जुड़ल बवाल के बाद सियासी हलचल तेज हो गइल बा। पश्चिम बंगाल के खेल मंत्री अरूप बिस्वास अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें। निष्पक्ष जांच खातिर अरूप बिस्वास मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के चिट्ठी लिख के खेल मंत्री के पद छोड़ देले बाड़ें।

तृणमूल कांग्रेस के प्रवक्ता कुणाल घोष के दावा बा कि अरूप बिस्वास के इस्तीफा स्वीकार कs लिहल गइल बा। युवा भारती स्कैंडल से जुड़ल विवाद के बीच उनका से खेल विभाग छोड़े के कहल गइल रहे।

डीसी निलंबित भइलें

मेसी प्रकरण में राज्य के पुलिस महानिदेशक (डीजीपी) राजीव कुमार आ विधाननगर पुलिस आयुक्त (सीपी) मुकेश कुमार के मुख्य सचिव कारण बताओ नोटिस जारी कइले बाड़े। ओहिजा बिधाननगर के पुलिस उपायुक्त (डीसी) के निलंबित कs दिहल गइल बा।

24 घंटा में जवाब मांगल गइल

डीजीपी राजीव कुमार आ बिधाननगर सीपी मुकेश कुमार से शो-कॉज नोटिस देके 24 घंटा के भीतर जवाब मांगल गइल बा। नोटिस में पूछल गइल बा कि कार्यक्रम वाला दिन स्टेडियम में कुप्रबंधन काहे भइल आ आयोजन के सही संचालन खातिर निजी आयोजक सहित बाकी हितधारकन से सही तालमेल काहे ना बनावल गइल।

डीसीपी अनीश सरकार पs कार्यक्रम वाला दिन ड्यूटी में लापरवाही बरते के आरोप में विभागीय कार्रवाई सुरू कइल गइल बा। जांच पूरा होखे तक उनका के तत्काल प्रभाव से निलंबित कs दिहल गइल बा।

एही के संगे युवा मामले आ खेल विभाग के प्रधान सचिव राजेश कुमार सिन्हा से कार्यक्रम के दिन भइल कुप्रबंधन पs स्पष्टीकरण मांगल गइल बा।

जांच खातिर टीम गठित

ममिला के गहन जांच खातिर विशेष जांच दल (एसआईटी) बनावल गइल बा। एह टीम में आईपीएस पीयूष पांडेय, आईपीएस जावेद शमीम, आईपीएस मुरलीधर आ आईपीएस सुप्रतिम सरकार सामिल बा लोग।

Read Also: IPL 2026 Auction : कैमरन ग्रीन बनलें सबसे महंगा बिदेसी खिलाड़ी, 25.20 करोड़ में कोलकाता किनलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-