[the_ad_group id="30365"]

IPL 2026 Auction : कैमरन ग्रीन बनलें सबसे महंगा बिदेसी खिलाड़ी, 25.20 करोड़ में कोलकाता किनलस

Cameron Green after being bought by Kolkata Knight Riders for 25.20 crore in IPL 2026 auction
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल-2026 के मेगा ऑक्शन में जवन अंदाजा लगावल जात रहे, ओहू से बढ़के बोली देखे के मिलल। ऑस्ट्रेलिया के धांसू ऑलराउंडर कैमरन ग्रीन पs फ्रेंचाइजी जमके पईसा लुटवली सs। ई ग्रीन के तीसरका आईपीएल सीजन हs आ अबकि बेर ऊ ऑक्शन के सबसे जादे डिमांड वाला खिलाड़ी बन गइलें।

दु करोड़ के बेस प्राइस के संगे उतरल ग्रीन खातिर कइयन गो टीम हाथ धो के पीछे पड़ गइली  सs, बाकिर आखिर में कोलकाता नाइट राइडर्स (KKR) बाजी मार लेलस। कोलकाता ग्रीन के 25.20 करोड़ रुपिया में किन के नया रिकॉर्ड बना देलस।

गेंदबाजी करे के एलान बढ़वलस कीमत

ग्रीन के लेके ऑक्शन से पहिले ई संशय रहे कि ऊ गेंदबाजी करिहें कि ना। बाकिर ग्रीन खुद साफ कs देलें कि ऊ गेंदबाजी खातिर उपलब्ध रहिहें। एह एलान से उनकर वैल्यू आउर बढ़ गइल, काहे कि टी-20 क्रिकेट में ऑलराउंडर के मांग सबसे जादे रहेला।

मुंबई से सुरू भइल बोली, चेन्नई कूदल

ग्रीन खातिर सबसे पहिले मुंबई इंडियंस बोली लगवलस। ओकरा बाद राजस्थान रॉयल्स आ कोलकाता नाइट राइडर्स के बीच जबरदस्त टक्कर देखे के मिलल। 13.60 करोड़ पs आके राजस्थान पीछे हट गइल। लागे लागल कि कोलकाता आराम से ग्रीन के ले जाई, बाकिर एही बीच चेन्नई सुपर किंग्स (CSK) एंट्री मार के बोली 20 करोड़ के पार पहुंचा देलस।

देखत-देखत बोली 25 करोड़ पार कs गइल आ एह तरे कैमरन ग्रीन आईपीएल इतिहास के सबसे महंगा बिदेसी खिलाड़ी बन गइलें। आखिरकार कोलकाता नाइट राइडर्स बाजी मार लेलस।

पिछलको सीजन में देखवले रहस दम

साल 2023 में कैमरन ग्रीन के मुंबई इंडियंस 17.50 करोड़ में किनले रहे। एह सीजन ऊ 16 मैच खेल के 452 रन बनवलें, जवना में एगो शतक आ दुगो अर्धशतक सामिल रहे। साल 2024 में मुंबई ग्रीन के रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB) के ट्रेड कs देलस। एह सीजन ऊ 13 मैच खेल के 255 रन बनवलें, हालांकि ऊ एको अर्धशतक ना लगा सकल रहस। साल 2025 में चोट के चलते ऊ आईपीएल ना खेल पवलें आ उनकर गैरमौजूदगी में आरसीबी ट्रॉफी जीत लेलस।

एह सीजन मोट रकम काहे मिलल?

कैमरन ग्रीन के खेल में लगातार सुधार भइल बा आ कइयन गो टीमन के लगे उनका जइसन तेज गेंदबाजी करे वाला आ ऊपर से विस्फोटक बल्लेबाजी करे वाला ऑलराउंडर ना रहे। एह चलते आईपीएल 2026 के ऑक्शन में ग्रीन के डिमांड आसमान छू गइल आ कोलकाता उनका पs दिल खोल के पईसा लुटा देलस।

Read Also: Dhanu Sankranti 2025: सूर्य देव के राशि परिवर्तन आज, एह चीजन के दान से चमकी किस्मत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]