Bengal Assembly Election : टीएमसी जारी कइलस 291 उम्मीदवारन के लिस्ट, भवानीपुर से ममता बनर्जी आ शुभेंदु अधिकारी के मुकाबला तय

Mamata Banerjee announces TMC candidate list for West Bengal Assembly Elections

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के लेके सियासी हलचल तेज हो गइल बा। तृणमूल कांग्रेस (TMC) प्रमुख आ मुख्यमंत्री ममता बनर्जी 291 सीट खातिर पार्टी के उम्मीदवारन के लिस्ट जारी कइली। एह लिस्ट से चुनावी मुकाबला के तस्वीर साफ होखे लागल बा। ममता बनर्जी कोलकाता के कालीघाट इस्थित अपना आवास से उम्मीदवारन के नाम घोषित कइली आ कहली कि पार्टी अबकियो बेर जीत के सिलसिला बनवले रखे खातिर पूरा ताकत लगा दी।

ममता बनर्जी बतवली कि अबकि बेर पार्टी अनुभव आ नया चेहरा के बीच संतुलन बनावे के कोसिस कइले बा। कइयन गो मवजूदा विधायकन के दोबारा मवका मिलल बा, जबकि कुछ सीट पs नया उम्मीदवार उतारल गइल बा। सबसे खास बात ई बा कि भवानीपुर सीट से खुद ममता बनर्जी चुनाव लड़िहें, जहां उनकर मुकाबला भाजपा नेता शुभेंदु अधिकारी से होखे के संभावना बा।

भवानीपुर सीट काहे खास बा?

पिछिला विधानसभा चुनाव में ममता बनर्जी दू सीट- नंदीग्राम आ भवानीपुर से चुनाव लड़ल रहली। नंदीग्राम में उनकर मुकाबला शुभेंदु अधिकारी से रहे, जहां ऊ हार गइल रहली। हालांकि भवानीपुर से ऊ जीत हासिल कइली। अबकि बेर भाजपा शुभेंदु अधिकारी के नंदीग्राम के संगे भवानीपुर से उम्मीदवार बनवले बिया, एह से मुकाबला आउर रोचक हो गइल बा। अब देखे के बा कि शुभेंदु ममता के गढ़ में जीत पावत बाड़ें कि ममता फेर से आपन पकड़ मजबूत करेली।

कवन-कवन नेता के मिलल टिकट?

टीएमसी के लिस्ट में कइयन गो प्रमुख नेता सामिल बाड़ें। सिलीगुड़ी से गौतम देव, रायगंज से कृष्ण कल्याणी, सागरदिघी से बायरन बिस्वास आ चोपड़ा से हामिदुल रहमान के टिकट मिलल बा। इस्लामपुर से कन्हैयालाल अग्रवाल आ हेमताबाद से सत्यजीत बर्मन के उम्मीदवार बनावल गइल बा। बालुरघाट से अर्पिता घोष आ हरिरामपुर से बिप्लब मित्रा के मैदान में उतारल गइल बा।

उत्तर बंगाल पs खास ध्यान

उत्तर बंगाल के कइयन गो जिला में टीएमसी आपन उम्मीदवार घोषित कइले बिया। मालतीपुर से अब्दुर रहीम बख्शी, इंग्लिशबाजार से आशीष कुंडू आ सुजापुर से सबीना यास्मीन के टिकट मिलल बा। जंगीपुर से जाकिर हुसैन आ मुर्शिदाबाद से सायनी सिंह रॉय के उम्मीदवार बनावल गइल बा। खग्राम से आशीष मरजित आ कांडी से अपूर्व सरकार के मैदान में उतारल गइल बा।

Read Also: Haryana Congress : क्रॉस वोटिंग पs बखेड़ा : हरियाणा कांग्रेस के कार्यकारी अध्यक्ष रामकिशन गुर्जर पद छोड़लें, हुड्डा कहलें- सब जानकारी बा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-