Virat Kohli : कोहली के 34वां वेन्यू पs शतक बनल उनकर वनडे करिअर के 53वां; भारत ना, बलुक श्रीलंका-बांग्लादेश के एह शहरन में लगवलें सबसे जादे सेंचुरी

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम के अनुभवी बल्लेबाज विराट कोहली जबरदस्त फॉर्म में चल रहल बाड़ें। दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज के पहिलका दु मैच में कोहली शतक ठोक चुकल बाड़ें। 2027 वनडे वर्ल्ड कप खेले के लक्ष्य से कोहली लगातार रन बना रहल बाड़ें आ ई बता देलें कि उनका में रन बनावे के भूख अभियो बाकी बा। अब तक कोहली वनडे में 53 शतक लगा चुकल बाड़ें आ एके प्रारूप में सबसे जादे शतक लगावे वाला बल्लेबाज बन गइल बाड़ें।

रायपुर में कोहली के पुरान रंग दिसल

कोहली आपन पुरान फॉर्म में लवटत लउकलें। रांची में शतक लगावलें आ फेर रायपुर में जबरदस्त खेल देखावत शतक ठोकलें। ई उनकर 53वां वनडे आ कुल मिलाके 84वां इंटरनेशनल शतक रहे। दुसरका मैच में कोहली 93 गेना पs 102 रन बनवलें, जवना में सात गो चौका आ दू गो छक्का सामिल रहे। अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में सबसे जादे शतक के रिकॉर्ड सचिन तेंदुलकर के नावे बा (100 शतक)। कोहली अब लगातार एकरा नजदीक बढ़ रहल बाड़ें।

लगातार शतक जड़े में सबसे आगे कोहली

कोहली 11 बार वनडे में लगातार दु शतक लगा चुकल बाड़ें- ई विश्व रिकॉर्ड बा। दुसरका नंबर पs दक्षिण अफ्रीका के एबी डिविलियर्स बाड़ें, जवन 6 बेर ई कमाल कइलें बाडें।

दक्षिण अफ्रीका खिलाफ तs ई कोहली के लगातार तीसरा शत रहें- ऊ वर्ल्ड कप 2023 में 101*, रांची में 135 आ अब रायपुर में 102 रन बनवलें।

सचिन के बराबरी पs विराट

कोहली के खास उपलब्धि ई बा कि ऊ वनडे में अब 34 अलग-अलग वेन्यू पs शतक ठोक चुकल बाड़ें- ई रिकॉर्ड सचिन तेंदुलकर के बराबरी में बा। अब देखे के बा कि कोहली एह रिकॉड के तुड़त बाड़ें कि ना।

दिलचस्प बात ई कि कोहली भारत में ना, बलुक बांग्लादेश के मीरपुरश्रीलंका के कोलंबो में सबसे जादे चार-चार वनडे शतक लगवले बाड़ें।

कहां-कहां कोहली लगवले बाड़ें केतना शतक?

कोहली के 53 वनडे शतक दुनियाभर के 34 जगह पs बनल बा।

सबसे जादे (4-4 शतक)

  • कोलंबो (श्रीलंका)
  • मीरपुर (बांग्लादेश)

तीन-तीन शतक:

  • विशाखापट्टनम
  • रांची
  • पुणे
  • पोर्ट ऑफ स्पेन (वेस्टइंडीज)

दु-दु शतक

  • एडिलेड
  • गुवाहाटी
  • कोलकाता
  • नागपुर
  • मुंबई

एक-एक शतक

दिल्ली, होबार्ट, चटगांव, दुबई, कानपुर, तिरुवनंतपुरम, हरारे, धर्मशाला, मोहाली, डरबन, चेन्नई, हम्बनटोटा, कैनबरा, नैपियर, मेलबर्न, गुवाहाटी (नेहरू स्टेडियम), केपटाउन, किंग्सटन, जयपुर, फतुल्लाह, कार्डिफ, सेंचुरियन, रायपुर।

Read Also: NIA : हरियाणा से बिहार तक एनआईए के छापेमारी, हथियारन के तस्करी के ममिला के 22 ठिकानन पs तलाशी जारी

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-