[the_ad_group id="30365"]

Jashpur Road Accident : तेज रफ्तार कार ट्रेलर में घुसल, पांच जुवकन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जशपुर। छत्तीसगढ़ के जशपुर जिला में कटनी-गुमला नेशनल हाईवे नंबर 43 पs देर रात भइल भीषण सड़क हादसा पूरा इलाका के दहला दिहलस। दुलदुला थाना क्षेत्र के पतराटोली में एगो तेज रफ्तार कार खड़ा ट्रेलर में जा घुसल। टक्कर एतना जोरदार रहे कि कार के परखच्चा उड़ गइल आ कार में बइठल पांचो जुवकन के घटनास्थले पs मौत हो गइल।

जानकारी के अनुसार, कार के रफ्तार बहुते तेज रहे, जवना के चलते सड़क किनारे खड़ा ट्रेलर से सीधा जा भिड़ल। हादसा एतना डरावना रहे कि आसपास के लोग दहशत में आ गइल। दुलदुला थाना प्रभारी केके साहू घटना के पुष्टि करत कहलें कि पांचो मृतक खटंगा गांव (दुलदुला क्षेत्र) के रहे वाला रहे लोग।

मृतकन के पहचान राधेश्याम यादव (26 बरिस) पिता रामप्रसाद यादव, उदय कुमार चौहान (18 बरिस) पिता कृष्ण चौहान, सागर तिर्की (22 बरिस) पिता रफेल तिर्की, अंकित तिग्गा (17 बरिस) पिता दिलीप तिग्गा आ दीपक प्रधान (19 बरिस) पिता अमर प्रधान के रूप में भइल बा।

परिजनन के मोताबिक, सब जुवक आस्ता थाना क्षेत्र के एगो मेला से वापस घरे लौटत रहलें। रास्ता में ई दर्दनाक हादसा हो गइल। राधेश्याम यादव के बड़ भाई महेश्वर यादव बतवलें कि सब दोस्त रात तक एक-संगे रहे लोग, अफसोस कि घरे लवटत घरी ई दुर्घटना हो गइल।

मृतक दीपक प्रधान आपन परिवार के इकलौता सहारा रहे, ओकरा मौत से पूरा घर में कोहराम मच गइल बा। पोस्टमार्टम आ कानूनी प्रक्रिया पूरा होखला के बाद लाश परिवार वालन के सउपे के तइयारी चलत बा।

हादसा के मुख्य कारण कार चालक के तेज रफ्तार बतावल जा रहल बा, हालांकि पुलिस अभियो पूरा ममिला के जांच में जुटल बिया।

Read Also: 07 दिसंबर 2025 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]