वाराणसी। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज अपना ससंदीय क्षेत्र वाराणसी के दौरा पs बाड़ें। पीएम मोदी वाराणसी से 4 गो नया वंदे भारत ट्रेनन के हरियर झंडी देखवलें। ई चारो ट्रेन देस के अलग-अलग कोना के आपस में जोड़े में अहम भूमिका निभाई।
4 गो नया वंदे भारत ट्रेन वाराणसी से खजुराहो, लखनऊ से सहारनपुर, फिरोजपुर से दिल्ली आ बेंगलुरु से एर्नाकुलम के बीच चली। एकरा से ना खाली स्टेशन के बीच के दूरी कम हो जाई बलुक, पर्यटन आ अर्थबेवस्था के मजबूती मिली।
वाराणसी-खजुराहो वंदे भारत ट्रेन
वंदे भारत ट्रेन से यूपी के वाराणसी से एमपी के खजुराहो के बीच के दूरी 2 घंटा 40 मिनट तक कम हो जाई। ई ट्रेन वाराणसी से प्रयागराज आ चित्रकूट होत खजुराहो पहुंची। एह सब शहरन के देस के जानल-मानल तीर्थ स्थल में गिनल जाला। ओहिजा, खजुराहो के नाव यूनेस्को के विश्व धरोहर स्थल (UNESCO World Heritage Sites) के लिस्ट में सुमार बा।
लखनऊ-सहारनपुर वंदे भारत ट्रेन
वंदे भारत ट्रेन से लखनऊ आ सहारनपुर के सफर 7 घंटा 45 मिनट में तय कइल जा सकी। एकरा से लगभग 1 घंटा के बचत होई। ई ट्रेन लखनऊ से सीतापुर, शाहजहांपुर, बरेली, मुरादाबाद आ बिजनौर के रास्ते सहारनपुर तक जाई। एह रूट के भविष्य में रुड़की के रास्ते उत्तराखंड के हरिद्वार से जोड़ल जाई।
दिल्ली-फिरोजपुर वंदे भारत ट्रेन
राजधानी दिल्ली से पंजाब के फिरोजपुर के बीच वंदे भारत ट्रेन चलावल गइल। एह ट्रेन से दूनो शहर के बीच के सफर 6 घंटा 40 मिनट में तय कइल जा सकी। एकरा से पंजाब में पर्यटन के बल मिली आ दिल्ली से पंजाब के दूरी बहुते कम हो जाई। ई ट्रेन फिरोजपुर के अलावे पंजाब के पटियाला आ बठिंडा जइसन कइयन गो बड़ शहरन से हो के गुजरी।
बेंगलुरु-एर्नाकुलम वंदे भारत ट्रेन
पीएम मोदी दक्षिण भारत के वंदे भारत ट्रेन के सौगात देलें, जवन कर्नाटक के राजधानी बेंगलुरु से केरल के एर्नाकुलम तक दउड़ी। एकरा से दूनो शहरन के बीच के सफर लगभग 2 घंटा तक कम हो जाई। वंदे भारत ट्रेन से बेंगलुरु आ एर्नाकुलम के बीचे के दूरी 8 घंटे 40 मिनट में तय कइल जा सकी। ई ट्रेन तीन राज्य केरल, तमिलनाडु आ कर्नाटक से हो के गुजरी।
Read Also: Margashirsha Amavasya 2025 : 20 भा 19 नवंबर कब बा मार्गशीर्ष अमावस्या? जानीं सही डेट आ एकर महत्व








