नई दिल्ली। भारत आ अमेरिका के बीच अंतरिम बेयपार समझौता खातिर एगो मजबूत फ्रेमवर्क पेश कइल गइल बा, जवन दुनो देसन के बीच ट्रेड डील के बहुते अहम हिस्सा मानल जा रहल बा। एह समझौता पs प्रतिक्रिया देत केंद्रीय वाणिज्य मंत्री पीयूष गोयल कहलें कि ई डील भविष्य के नजर में रख के कइल गइल बा आ एकरा में किसानन के हित के पूरा धेयान रखल गइल बा।
पीयूष गोयल के कहनाम बा कि एह डील से पूरा देस में उत्साह के माहौल बा आ आज के दिन इतिहास में दर्ज होखे वाला बा। उनका मोताबिक, ई समझौता अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मजबूत इयारी आ आपसी भरोसा के नतीजा हs।
केंद्रीय मंत्री कहलें, “आज भारत के 2047 तक विकसित राष्ट्र बने के जतरा में एगो बहुते महत्वपूर्ण दिन बा। भविष्य के धेयान में रखत भारत-अमेरिका के राजनयिक संबंध आ नेता लोगन के संघतिया केआधार पs फरवरी 2025 में द्विपक्षीय बेयपार समझौता पs बातचीत सुरू भइल रहे। एह डील के मकसद भारत आ अमेरिका के बीच सालाना 500 बिलियन डॉलर के द्विपक्षीय बेयपार हासिल कइल बा।”
पीयूष गोयल कहलें कि आज के दिन एह लक्ष्य के दिशा में सुनहरा अक्षर में लिखल जाये वाला दिन हs। पूरा देस में खुसी के लहर दउड़ रहल बा आ हर क्षेत्र में भविष्य के लेके जबरदस्त उम्मेद दिख रहल बा। उनकर कहनाम बा कि दुनिया के सबसे बड़ अर्थबेवस्था, लगभग 30 ट्रिलियन डॉलर के अमेरिकी बाजार, अब भारतीय निर्यातकन खातिर सबसे पसंदीदा गंतव्य बने जा रहल बा।
पीयूष गोयल बतवलें कि अब भारत से अमेरिका भेजल जाये वाला कइयन गो सामान पs जीरो ड्यूटी लागी। एह में रत्न आ हीरा, दवाई, फार्मास्युटिकल प्रोडक्ट आ स्मार्टफोन जइसन सामान सामिल बा।
कृषि क्षेत्र में भारत से अमेरिका मसाला, चाय, कॉफी, नारियल, नारियल तेल, काजू, सुपारी, फल आ सब्जी जइसन कइयन गो उत्पाद जीरो रेसिप्रोकल टैरिफ पs एक्सपोर्ट कइल जाई, जवना से किसान आ निर्यातक दुनो के बड़ फायदा होई।







