US Kashmir Map : ट्रेड डील के बाद अमेरिका कश्मीर पs देलस साफ सनेस, पूरा पीओके भारत के नक्शा में देखवलस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 7, 2026

सेंट्रल डेस्क। जम्मू आ कश्मीर भारत के अभिन्न अंग हs। एह सच्चाई पs पाकिस्तान चाहे जेतना बहस करे भा दुनिया भर में प्रोपेगैंडा चलावे, बाकिर हकीकत से इनकार ना कइल जा सकेला। अब एह कड़ी

Share

सेंट्रल डेस्क। जम्मू आ कश्मीर भारत के अभिन्न अंग हs। एह सच्चाई पs पाकिस्तान चाहे जेतना बहस करे भा दुनिया भर में प्रोपेगैंडा चलावे, बाकिर हकीकत से इनकार ना कइल जा सकेला। अब एह कड़ी में अमेरिका पाकिस्तान के एगो बड़ झटका देलस। भारत आ अमेरिका के बीच ट्रेड डील के बाद अमेरिका कश्मीर के मुद्दा पs आपन रुख साफ कs देलस।

असल में, बेयपार समझौता के रूपरेखा तय होखला के बाद अमेरिकी बेयपार प्रतिनिधि कार्यालय (यूएसटीआर) भारत के आधिकारिक नक्शा जारी कइलस। एह नक्शा में जम्मू आ कश्मीर के साफ-साफ भारत के हिस्सा के रूप में देखावल गइल बा। खास बात ई बा कि एह नक्शा में पाकिस्तान के अवैध कब्जा वाला इलाका, माने पाकिस्तान अधिकृत कश्मीर (पीओके) भारत के नक्शा में सामिल देखावल गइल बा।

अमेरिका के एह डेग के पाकिस्तान के प्रोपेगैंडा पs सीधा चोट मानल जा रहल बा। कश्मीर मुद्दा पs बेर-बेर झूठा दावा करे वाला पाकिस्तान खातिर ई साफ सनेस बा कि अंतरराष्ट्रीय मंच पs ओकर दलील के अब कवनो खास वजन नइखे।

यूएसटीआर के ओर से साझा कइल गइल ई ग्राफिक दरअसल अमेरिका आ भारत के बीच बढ़ रहल बेयपारिक संबंध के जानकारी देवे खातिर जारी कइल गइल रहे। एह पोस्ट में बतावल गइल बा कि अमेरिकी उत्पाद अब भारतीय बाजार में आसानी से पहुंच सकी। एकरा में अमेरिकी मेवा, लाल ज्वार, ताजा आ प्रसंस्कृत फल, सूखा अनाज, आसवन अनाज आ अमेरिका के शराब आ स्पिरिट सामिल बा।

हालांकि ई पोस्ट बेयपार से जुड़ल रहे, बाकिर भारत के राजनीतिक नक्शा के साफ प्रस्तुति बहुत कुछ कह गइल। आमतौर पs अंतरराष्ट्रीय मंच पs देसन के सीमा विवाद से बचल जाला, बाकिर एह नक्शा में अमेरिका बिना कवनो हिचक के भारत के सीमा साफ-साफ देखवलस।

विशेषज्ञन के माने के बा कि एह नक्शा से वॉशिंगटन के रुख पूरा तरे स्पष्ट हो गइल बा। अमेरिका इशारा कs देलस कि ओकर नेतृत्व भारत के राजनीतिक नक्शा से सहमत बा आ कश्मीर पs भारत के इस्थिति के वास्तविकता के रूप में मान्यता दे रहल बा। ई डेग पाकिस्तान के निराधार क्षेत्रीय दावन के समर्थन से साफ इनकार के संकेत बा।

Read Also: OLA-UBER-RAPIDO STRIKE : सड़क पs उतरले टैक्सी-ऑटो ड्राइवर, कहल लोग- अवैध बाइक टैक्सी आ महंगा पैनिक बटन से कमाई पs खतरा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.