US Venezuela Attack : अमेरिका के वेनेजुएला पs हमला, राजधानी काराकास सहित कइयन गो शहरन में बमबारी; पूरा देस में इमरजेंसी लागू

Share

सेंट्रल डेस्क। वेनेजुएला के राजधानी काराकास में सनिचर 3 जनवरी के रात एक के बाद एक जोरदार धमाका सुनाई पड़ल। धमाका के संगे आसमान में लड़ाकू विमानन के तेज आवाजो सुनल गइल, जवन सुनके लोग डर के मारे घर से बाहर निकल आइल। राजधानी के अलावे आउर कइयन गो शहरन में बमबारी के खबर सामने आ रहल बा। हालांकि, सुरुआती घंटा में वेनेजुएला सरकार एह हमला पs कवनो आधिकारिक बयान जारी ना कइलस।

एएफपी के रिपोर्ट के मोताबिक, काराकास में लगातार धमाका आ विमानन के आवाज सुनके लोग सड़कन पs निकल आइल। हमला के बाद पूरा इलाका में दहशत फइल गइल। एह हमला में अमेरिका के हाथ होखे के बात सामने आ रहल बा। रॉयटर्स से बातचीत में एगो अमेरिकी अधिकारी एह बात के पुष्टि कइलें कि वेनेजुएला पs हमला अमेरिका द्वारा कइल जा रहल बा, हालांकि अधिकारी आपन पहचान गुप्त रखलें।

अमेरिका से जुड़ल हमला के तार

रॉयटर्स से बात करत अमेरिकी अधिकारी बतवलें कि अमेरिका वेनेजुएला में सैन्य कार्रवाई कs रहल बा। हालांकि ऊ, एह कार्रवाई के मकसद आ दायरा के बारे में आउर जानकारी साझा ना कइलें। अमेरिका के हमला के बाद वेनेजुएला सरकार पूरा देस में इमरजेंसी लागू कs देलस। सुरक्षा एजेंसी हाई अलर्ट पs  बाड़ी सs आ सेना के तैनाती बढ़ा दिहल गइल बा।

ई हमला अइसन समय में भइल बा, जब अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप 29 दिसंबर के वेनेजुएला के खिलाफ जमीनी हमला के इशारा कइले रहलें। ट्रंप दावा कइले रहलें कि अमेरिका वेनेजुएला के ड्रग तस्करन के नौकन के डॉकिंग इलाका पs हमला कs के ओह जगह के तबाह कs देलस। एह बयान के बाद से तनाव आउर बढ़ गइल रहे।

मादुरो के रुख आ तेल के राजनीति

अमेरिकी राष्ट्रपति के दावा पs वेनेजुएला के राष्ट्रपति निकोलस मादुरो ना तs पुष्टि कइलें आ ना खंडन। हालांकि, 1 जनवरी के मादुरो कहलें कि लगातार अमेरिकी सैन्य दबाव के बावजूद ऊ वॉशिंगटन से बातचीत आ सहजोग खातिर तइयार बाड़ें।

मादुरो आरोप लगवले बाड़ें कि अमेरिका, वेनेजुएला में सत्ता परिवर्तन करावे के कोसिस कs रहल बा, काहेकि एह देस के लगे दुनिया के सबसे बड़ ज्ञात तेल भंडार मवजूद बा। ट्रंप बीतला कइयन हफ्तन से वेनेजुएला में मादक पदार्थ गिरोहन के खिलाफ जमीनी हमला के धमकी देत आ रहल बाड़ें।

अमेरिकी सेना सितंबर से कैरेबियन सागर आ पूर्वी प्रशांत महासागर में कइयन गो नौकन पs हमला कइले बिया, जवन अमेरिका के मुताबिक ड्रग तस्करी से जुड़ल रहे। हालांकि, एह बात के ठोस सबूत अभी तक सामने नइखे आइल, जवना चलते अमेरिका के एह सैन्य अभियान के वैधता पs अंतरराष्ट्रीय स्तर पs सवाल उठ रहल बा।

Read Also: IFJ Report : 2025 पत्रकारन खातिर रहल सबसे खतरनाक साल, दुनिया भर में 128 मीडियाकर्मी मारल गइलें; गाजा आ पश्चिम एशिया सबसे भयावह

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-