नई दिल्ली। यूपीएससी सिविल सर्विसेज परीक्षा 2026 खातिर यूनियन पब्लिक सर्विस कमीशन नोटिफिकेशन जारी कs देलस आ आवेदन प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। जे अभ्यर्थी IAS बने के तइयारी में लागल बा लोग, ऊ 24 फरवरी 2026 तक ऑनलाइन माध्यम से आवेदन फॉर्म भर सकी लोग। ध्यान रखीं कि आवेदन खाली यूपीएससी के आधिकारिक वेबसाइट upsconline.nic.in पs भरल जा सकी, दोसरा कवनो तरीका से फॉर्म स्वीकार ना कइल जाई।
सिविल सर्विसेज परीक्षा खातिर पात्रता
सिविल सेवा प्रारंभिक परीक्षा 2026 में सामिल होखे खातिर अभ्यर्थी के न्यूनतम ग्रेजुएट होखल जरूरी बा। एकरा संगे न्यूनतम उमिर 21 साल आ अधिकतम उमिर 32 साल से जादे ना होखे के चाहीं। हालांकि एससी, एसटी, ओबीसी आ दिव्यांग अभ्यर्थियन के ऊपरी उम्र सीमा में नियमानुसार छूट दिहल गइल बा। उम्र के गणना 1 अगस्त 2026 के आधार पs कइल जाई।
एप्लीकेशन प्रोसेस
एह भरती परीक्षा खातिर अभ्यर्थी खुदे आवेदन फॉर्म भर सकेलें। आवेदन करे के तरीका नीचे दिहल बा-
- सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट upsconline.nic.in पs जाईं।
- होम पेज पs “क्रिएट अकाउंट” पs क्लिक कs के मांगल गइल जानकारी भर के OTR पूरा करीं।
- एकरा बाद बाकी डिटेल भर के आवेदन प्रक्रिया पूरा करीं।
- फॉर्म भरला के बाद निर्धारित फीस (जदि लागू होखे) जमा करीं।
- आखिर में फॉर्म सबमिट करीं आ ओकर प्रिंटआउट निकाल के सुरक्षित रख लीं।
एप्लीकेशन फीस
आवेदन फीस के रूप में उम्मीदवारन के 100 रुपिया देवे के पड़ी। फीस ऑनलाइन माध्यम से जमा होई। एससी, एसटी, पीएच आ सब वर्ग के महिला अभ्यर्थियन खातिर आवेदन पूरा तरे निशुल्क बा।
एह भर्ती प्रक्रिया के माध्यम से कुल 933 खाली पदन पs नियुक्ति कइल जाई। सिविल सेवा प्रारंभिक परीक्षा (प्रीलिम्स) 24 मई 2026 के आयोजित होई। आउर जानकारी खातिर अभ्यर्थी ऑफिशियल नोटिफिकेशन जरूर देखे लोग।








