यूपीपीएससी : एसीएफ/आरएफओ के 16 पद के घोषित भइल रिजल्ट, 45 अभ्यर्थियन के भइल इंटरव्यू

Share

उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग सहायक वन संरक्षक (एसीएफ)/क्षेत्रीय वन अधिकारी (आरएफओ) परीक्षा-2021 के अंतिम चयन परिणाम बुध के जारी कs दिहलस। एसीएफ/एफआरओ के 16 पद पर अभ्यर्थियन के चयनित घोषित कइल गइल बा

एसीएफ के एक पद पs अनारक्षित श्रेणी के मुमताज अहमद के चयन भइल बा। उहवें, आएफओ के 15 पद के रिजल्ट में अनारक्षित श्रेणी के स्नेह लता सिंह ने टॉप कइले बाड़ी। मेरिट में राम अवतार सिंह के दूसरा अउर प्रशांत सोनी के तीसरा स्थान मिलल बा। इनके सथही अल्पना पांडेय, उत्कर्ष त्रिपाठी, प्रमे चंद्र मिश्रा, अविनाश सिंह, दीपक मिश्रा, शशि कुमार, श्यामू, ओम राव, माधवी त्रिपाठी, कुलदीप सहाय पंकज, शुभम कुमार सिंह सम्यक के चयन भइल बा।

आयोग एसीएफ/आरएफओ के मुख्य परीक्षा के परिणाम पांच नवंबर 2022 के जारी कइले रहल। इंटरव्यू खातिर 45 अभ्यर्थी सफल घोषित कइल गइल रहे। 18 नवंबर 2022 के भइल साक्षात्कार में 41 अभ्यर्थी शामिल भइल रहनें। आयोग के सचिव आलोक कुमार के अनुसार अंतिम चयन परिणाम आयोग कार्यालय के सूचना बोर्ड अउर वेबसाइट पर उपलब्ध बा। परिणाम से संबंधित प्राप्तांक अउर श्रेणीवार/पदवार कटऑफ अंक के सूचना जल्दिए आयोग के वेबसाइट पर प्रदर्शित कइल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-