लखनऊ। उत्तर प्रदेश सरकार अतवार के देर रात प्रशासनिक फेरबदल करत 127 पीसीएस अधिकारियन के तबादला कs देलस। एमे सब अधिकारी उपजिलाधिकारी (SDM) स्तर के बा लो। तबादला प्रक्रिया पिछला एक महीना से चलत रहे आ देर रात सूची जारी कs दिहल गइल।
सूत्रन के मोताबिक, जवना अधिकारियन के स्थानांतरित कइल गइल बा, उ लगभग तीन साल से एके जगह पs तैनात रहे लोग। नया नियुक्तियन में कइयन गो जिला में अनुभवी अफसरन के जिम्मेदारी सउपल गइल बा।
प्रमुख तबादलन में एलडीए के विशेष कार्याधिकारी शशि भूषण पाठक के अमरोहा के नया एसडीएम बनावल गइल बा। ओहिजा प्रीति जैन के सुल्तानपुर के एसडीएम नियुक्त कइल गइल बा। मलखान सिंह गोरखपुर के एसडीएम होइहें।
आउर महत्वपूर्ण तबादला एह तरे बा
- कुमार चंद्रबाबू (एसडीएम, सीतापुर) → बदायूं
- संगीता राघव (एसडीएम, सहारनपुर) → विशेष कार्याधिकारी, लखनऊ विकास प्राधिकरण
- श्वेता (एसडीएम, मथुरा) → सहायक निदेशक, यूपी प्रशासन एवं प्रबंधन अकादमी
- अजय आनंद वर्मा (ओएसडी, लखनऊ मेट्रो) → एसडीएम, औरैया
- जितेंद्र कुमार → एसडीएम, महराजगंज
- आशुतोष कुमार → एसडीएम, रामपुर
- राहुल → एसडीएम, मुजफ्फरनगर
- अजय कुमार उपाध्याय → एसडीएम, जौनपुर
- कडेदीन → एसडीएम, हमीरपुर
- सौरभ कुमार पांडेय → एसडीएम, संभल
- सुरेन्द्र नारायण त्रिपाठी → एसडीएम, कासगंज
- राजेश कुमार → एसडीएम, बदायूं
- संजय → एसडीएम, आजमगढ़
इहां देखीं तबादला सूची









Post Views: 225