लखनऊ। उत्तर प्रदेश में अब कक्षा छव से लेके 12वीं तक पढ़े वाला छात्रन खातिर ऑनलाइन पढ़ाई के सुविधा मिल सकेला। बेसिक आ माध्यमिक शिक्षा विभाग पढ़ाई के डिजिटल बनावे के दिशा में एगो नया पहल सुरू कइले बा। राज्य शैक्षिक अनुसंधान आ प्रशिक्षण परिषद (SCERT) अलग-अलग विषयन के रिकॉर्डेड वीडियो लेक्चर तइयार करावत बा, जवना के छात्र कबो आ कहीं से देख-सुन सकी लोग।
ई पहल अपर मुख्य सचिव पार्थ सारथी सेन शर्मा के निर्देशन में सुरू कइल गइल बा। एकरा तहत भौतिक विज्ञान, रसायन विज्ञान, जीव विज्ञान आ गणित जइसन अहम विषयन के तइयारी छात्र घरे बइठले कs सकी लोग। ई ऑनलाइन क्लास पूरा तरे फ्री रही आ SCERT के वेबसाइट, समग्र शिक्षा पोर्टल आ दीक्षा प्लेटफॉर्म पs उपलब्ध करावल जाई। आगे चल के पीएम ई-विद्या चैनल पs एकरा के प्रसारित करे के योजना बा।
SCERT के संयुक्त निदेशक डॉ. पवन सचान बतवलें कि एह पहल के मकसद छात्रन के विषय पs पकड़ मजबूत बनावे आ मुश्किल टॉपिक के आसान तरीका से समझावल बा। एकरा से छात्रन के सीखे के स्तर में लगातार सुधार होई।
ऑनलाइन लेक्चर खातिर योग्य आ अनुभवी शिक्षकन के वीडियो रिकॉर्ड कइल जाई। इच्छुक शिक्षकन से गूगल फॉर्म के माध्यम से आवेदन मंगावल गइल बा। जवन शिक्षक चुनल जाई लोग, ओह लोग के मानदेय के संगे-संगे प्रशस्ति पत्रो दिहल जाई। ई योजना छात्र आ शिक्षक दुनो खातिर फायदेमंद साबित होई, काहेकि एकरा से पढ़ावे के गुणेवत्ता आ अनुभव दुनो बढ़ी।
Read Also: Gonda Earthquake : गोंडा में भूकंप के झटका, तीव्रता 3.7, इटियाथोक के इटहिया नवीजोत रहल केंद्र







