SI Recruitment : बोर्ड करी विवादित प्रश्न के जांच, ब्लैक लिस्ट हो सकेले पेपर बनावे वाली कंपनी, एफआईआरो होई

UP Daroga recruitment exam controversial question about pandit option sparks protest

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में दरोगा (उप निरीक्षक) आ समकक्ष पदन खातिर भइल भर्ती परीक्षा के पहिला दिन पूछल गइल एगो विवादित सवाल अतवार के दिन भर चरचा के विषय बनल रहल। सोशल मीडिया पs खास कs के ब्राह्मण समाज के लोग एह सवाल के कड़ा विरोध करत नजर आइल। ममिला गरम होत देख के प्रदेश सरकार एह मुद्दा के गंभीरता से लेत जांच के आदेस दे देलस।

बतावल जा रहल बा कि एह पूरा ममिला के जांच अब पुलिस भर्ती आ प्रोन्नति बोर्ड खुद करी। जांच में जे लोग जिम्मेदार पावल जाई, ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई हो सकेला। जदि जरूरत पड़ल तs प्रश्नपत्र बनावे वाली कंपनी के ब्लैकलिस्ट तक कइल जा सकेला। एही के संगे-संगे एह ममिला में एफआईआर दर्ज करे के संभावना जतावल जा रहल बा।

असल में सनिचर के पहिला पाली के परीक्षा में सामान्य हिंदी के सेक्शन में एगो सवाल पूछल गइल रहे। सवाल रहे कि “अवसर के हिसाब से बदल जाये वाला आदमी खातिर एगो शब्द का होई?” एह सवाल के विकल्प में “पंडित, अवसरवादी, निष्कपट आ सदाचारी” लिखल रहे। परीक्षा खतम होखतही प्रश्नपत्र के ई हिस्सा सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो गइल। “पंडित” शब्द के विकल्प में सामिल कइला पs लोग कड़ा आपत्ति जतावे लागल।

एह मुद्दा पs उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक सहित भाजपा के कइयन गो विधायक आ नेता मुख्यमंत्री के चिट्ठी लिख के कार्रवाई के मांग कइल लोग। सरकार जांच के आदेस दे देलस आ अब कइयन गो सवालन के जवाब खोजल जा रहल बा। जइसे कि प्रश्नपत्र कवन कंपनी बनवले रहे, एह सवाल में ई विकल्प काहे सामिल कइल गइल, आ का एकरा पीछे कवनो साजिश रहे भा खाली लापरवाही। जांच रिपोर्ट अइला के बाद आगे कार्रवाई तय होई।

उच्च शिक्षा मंत्री योगेंद्र उपाध्याय एह ममिला पs प्रतिक्रिया देले बाड़ें। ऊ कहलें कि कवनो भर्ती परीक्षा में “पंडित” जइसन शब्द के एह तरे से विकल्प में रखल बहुत अनुचित आ आपत्तिजनक बा। कवनो जाति, वर्ग भा परंपरा से जुड़ल शब्द के एह तरे इस्तेमाल स्वीकार ना कइल जा सकेला। दोषी लोग के पहचान कs के कड़ा कार्रवाई होखे के चाहीं।

एह बीच कानपुर के बिठूर सीट से भाजपा विधायक अभिजीत सिंह सांगा वीडियो जारी कs के कार्रवाई के मांग कइले बाड़ें। ऊ कहलें कि समाज में जातिगत भेदभाव फइलावे वाला लोग से सावधान रहला के जरूरत बा आ अइसन साजिश करे वाला लोग के चिह्नित कs के कड़ा सजा देवे के चाहीं।

मशहूर गीतकार मनोज मुंतशिरो सोशल मीडिया पs नाराजगी जतवले बाड़ें। ऊ लिखलें कि जदि एह तरे के सवाल बनावे वाला लोगन पs सख्त कार्रवाई ना भइल तs समाज में गलत संदेश जाई। उनका मोताबिक, एह तरे के कृत्य जानबूझ के कइल गइल आ ई निंदनीय बा।

Read Also: India Iran Relations : ईरान होर्मुज स्ट्रेट से भारतीय टैंकरन के गुजरे के काहे देलस इजाजत? जयशंकर कइलें खुलासा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-