UP BJP President : पंकज चौधरी बनलें प्रदेश भाजपा अध्यक्ष, सीएम योगी के मौजूदगी में भइल ऐलान

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश भारतीय जनता पार्टी (UP BJP) के नया प्रदेश अध्यक्ष मिल गइल बा। वरिष्ठ भाजपा नेता पंकज चौधरी के औपचारिक रूप से यूपी भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष घोषित कs  दिहल गइल बा। ई घोषणा लखनऊ में स्थित राम मनोहर लोहिया विश्वविद्यालय परिसर के सभागार में आयोजित कार्यक्रम के दौरान भइल। केंद्रीय पर्यवेक्षकन के ओर से नाम के ऐलान होखतही चुनाव से जुड़ल सब औपचारिक प्रक्रिया पूरा हो गइल।

असल में सनिचर के पंकज चौधरी के तरफ से एकमात्र नामांकन दाखिल कइल गइल रहे, जवना से ई पहिलही साफ हो गइल रहे कि उहे प्रदेश अध्यक्ष बनिहें। अतवार के पार्टी नेतृत्व के ओर से आधिकारिक ऐलान कs दिहल गइल।

विनोद तावड़े आ पीयूष गोयल कइलें घोषणा

एह खास मौका पs केंद्रीय चुनाव पर्यवेक्षक आ भाजपा के राष्ट्रीय महामंत्री विनोद तावड़े, प्रदेश अध्यक्ष निर्वाचन के केंद्रीय प्रभारी आ केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल, प्रदेश चुनाव अधिकारी आ पूर्व केंद्रीय मंत्री डॉ. महेंद्र नाथ पांडेय पंकज चौधरी के जीत के औपचारिक घोषणा कइल लोग।

कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ, निवर्तमान प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी, उपमुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आ बृजेश पाठक, प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह सहित पार्टी के कइयन गो वरिष्ठ नेता मौजूद रहल लोग।

कुर्मी बिरादरी से चउथा प्रदेश अध्यक्ष

पंकज चौधरी भाजपा के 17वां प्रदेश अध्यक्ष बनलें। उ कुर्मी बिरादरी से आवे वाला चउथा नेता बाड़ें, जेकरा ई जिम्मेदारी मिलल बा। उनका पहिले विनय कटियार, ओम प्रकाश सिंह आ स्वतंत्रदेव सिंह एह समाज से प्रदेश अध्यक्ष रह चुकल बा लोग।

प्रदेश अध्यक्ष पद के रेस में पंकज चौधरी के नाम पहिलही से चरचा में रहे, बाकिर सुरुआत में ई कह के अटकलन के खारिज कइल जात रहे कि मुख्यमंत्री आ प्रदेश अध्यक्ष एके क्षेत्र से ना हो सकेला लोग। बाकिर सुक के उनकर नाम अचानक तेजी से आगे आइल आ नामांकन दाखिल होखतहीं तस्वीर साफ हो गइल।

संगठनात्मक चुनाव में ऐतिहासिक मौका

भाजपा के संगठनात्मक चुनाव के इतिहास में ई पल बहुते अहम मानल जा रहल बा। लक्ष्मीकांत बाजपेयी के बाद ई पहिला मौका बा, जब प्रदेश अध्यक्ष पद खातिर चुनावी प्रक्रिया के औपचारिकता पूरा तरे निभावल गइल, भलही मुकाबला एकतरफा रहल।

सत्ता आ संगठन के केंद्र बनल गोरखपुर

पंकज चौधरी के प्रदेश अध्यक्ष बनला से पूर्वांचल, खासकर गोरखपुर के राजनीतिक दबदबा आउर मजबूत भइल बा। केंद्रीय राजनीति से प्रदेश के सियासत में लवटल पंकज चौधरी आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अब भाजपा के दुगो सबसे बड़ चेहरा बन के उभरल बा लोग। एक तरफ सरकार के कमान योगी के हाथ में बा, तs दोसरा ओर पार्टी संगठन के बागडोर अब पंकज चौधरी संभरिहें। एह तरे गोरखपुर अब भाजपा के राजनीति में नया सत्ता आ संगठन के केंद्र बन गइल बा।

Read Also : Shivraj Patil Demise : पूर्व गृह मंत्री शिवराज पाटिल के निधन, 90 बरिस के उमिर में लातूर में लेलें आखिरी सांस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-