Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चांदी के जूलरी हो गईल बा करिया तs एह नुस्खा से 5 सेकेंड में चमकाई

आजकल चांदी के गहना पहिने के काफी ट्रेंड बा। लेकिन कबो-कबो लगातार पहिरला के चलते चांदी करिया हो जाला। रउरा घर में चांदी के आभूषण, बर्तन भा चांदी के मूर्ति होई जवन कई बेर रखला पs भी करिया हो जाला।

1,691

 

आजकल चांदी के गहना पहिने के काफी ट्रेंड बा। लेकिन कबो-कबो लगातार पहिरला के चलते चांदी करिया हो जाला। रउरा घर में चांदी के आभूषण, बर्तन भा चांदी के मूर्ति होई जवन कई बेर रखला पs भी करिया हो जाला। दरअसल जब चाँदी के सामान के इस्तेमाल ना होखे तs ओकर चमक फीका हो जाला आ ओकर रंग करिया होखे लागेला। लेकिन कई बेर अइसन होला कि कुछ आइटम आ गहना के इस्तेमाल कइला के बाद भी करिया हो जाला। अइसना में अगर रउरा चाहत बानी तs घर में कुछ बढ़िया टिप्स के मदद से आपन चांदी के गहना, बर्तन भा सिक्का के फेर से नया निहन चमका सकतानी। हमनी के उ टिप्स बताएब जवना के मदद से आप घर में ही चांदी के गहना, मूर्ति चाहे सिक्का चमका सकतानी।

एह घरेलू उपाय के मदद से चांदी चमक जाई

टूथपेस्ट

दांत के सफेद करे वाला टूथपेस्ट से भी आपके गहना चमक सकता। पुरान टूथब्रश पs टूथपेस्ट लगा के चांदी के आइटम पs रगड़ के बढ़िया से रगड़ला के बाद चांदी के गरम पानी में डाल के कुछ समय बाद साफ पानी से धो लीं। चाँदी चमक जाई

एल्युमिनियम फॉयल

रउरा तs ठीके पढ़ले बानी! चांदी के एल्युमिनियम फॉयल से चमकावल जाइ। सबसे पहिले एक लीटर पानी में एक चम्मच बेकिंग सोडा मिला लीं। अब एही पानी में चांदी के सामान डाल दीं। कुछ समय तक पानी में रखला के बाद पानी से निकाल के एल्युमिनियम पन्नी से रगड़ लीं। एहसे ओकर करियापन दूर हो जाई आ राउर चांदी पूरा तरह से चमक जाई।

बेकिंग सोडा

बेकिंग सोडा एगो प्राकृतिक सफाई करे वाला हs।गरम पानी में बेकिंग सोडा डाल के पतला पेस्ट बनाईं।एह पेस्ट के चांदी के सामान भा आपन गहना पs लगा के स्क्रब चाहे टूथब्रश के मदद से रगड़ लीं। एकरा से चांदी के करियापन दूर हो जाई अवुरी चमक जाई।

डिटर्जेंट पाउडर 

रउआ गरम पानी में कुछ डिटर्जेंट पाउडर डाल देनी। अब पानी उबल जाए दीं एक बेर उबल गइल तs ओकरा में आपन गहना डाल दीं। कुछ देर उबालला के बाद गैस बंद कर दीं। अब गहना के ब्रश से साफ करीं। जब पानी ठंडा हो जाई तs ओकरा में से गहना साफ निकाल लीं। अब साफ पानी से धो के सूती कपड़ा से पोंछ लीं। तोहार चांदी के गहना चमके लागी।

 

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.