Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छत्तीसगढ़ में वंदे भारत पs पथराव, 3 गो कोच के शीशा टूटल

340

 

छत्तीसगढ़ के बीजापुर के वंदे भारत में पथराव कइल गईल। एह पत्थरबाजी के चलते 3 गो कोच के शीशा टूट गईल। इs उहे वंदे भारत ट्रेन हs, जवना के पीएम मोदी 16 सितंबर के वर्चुअली फ्लैग ऑफ करे वाला रहले। जवना समय पथराव भईल रहे, ओ समय महासमुंद में वंदे भारत ट्रेन के ट्रायल रन चलत रहे।

छत्तीसगढ़ के बीजापुर में वंदे भारत ट्रेन में ट्रायल रन के दौरान पत्थरबाजी भईल, जवना में तीन कोच सी 2-10, सी 4-1, सी 9-78 के शीशा टूट गईल। पीएम मोदी 16 सितंबर के एह ट्रेन के वर्चुअली फ्लैग ऑफ करे वाला रहले। ई पत्थरबाजी बागबाहरा रेलवे स्टेशन पs कइल गइल बा.

एह दौरान पुलिस 5 आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया। इs सभ आरोपी बागबाहरा के निवासी हवे। जेकरा खिलाफ पुलिस रेलवे एक्ट 1989 के तहत मामला दर्ज करवले बिया।

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.