Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Asia Cup 2022 PAK vs HK T20: हॉन्गकॉन्ग के टीम 38 पs ऑलआउट, पाकिस्तान 155 रन से जीतल, अब अतवार के भारत से मुकाबला

546

एशिया कप के छठा मुकाबला पाकिस्तान आ हॉन्गकॉन्ग के बीच खेलल गइल। पाकिस्तान हॉन्गकॉन्ग के 155 रन से हरा देलस। उ सुपर-4 में जगह बनवलस। उहां ओकर पहिला मुकाबला भारत से अतवार के होई। हॉन्गकॉन्ग के टीम 38 रन पs ऑलआउट हो गइल। एशिया कप में कवनो टीम के ई न्यूनतम स्कोर हs।

पाकिस्तान हॉन्गकॉन्ग के रिकॉर्ड 155 रन से हरा देलस। उ पूल-ए के अपना अंतिम मैच मे हॉन्गकॉन्ग के 38 रन पs ऑलआउट कs देलस। हॉन्गकॉन्ग टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के फसीला कइलस। पाकिस्तान 20 ओवर में 2 विकेट पs 193 रन बनवलस। जवाब में हॉन्गकॉन्ग के टीम 10.4 ओवर में 38 रन पs सिमट गइल। पाकिस्तान के टी20 में ई सबसे बड़ जीत हs। ओकर पिछला बड़ जीत वेस्टइंडीज के खिलाफ 2018 में कराची स्टेडियम में 143 रन के रहे। पाकिस्तान एह जीत के साथे सुपर-4 में आपन जगे बनवलस। उहां ओकर पहिला मुकाबला भारत से अतवार के होई। दूनों टीम एह टूर्नामेंट में दूसरा बेर आमने-सामने होई। भारत पिछला अतवार के ओकरा के पांच विकेट से हरवले रहे।

320580cookie-checkAsia Cup 2022 PAK vs HK T20: हॉन्गकॉन्ग के टीम 38 पs ऑलआउट, पाकिस्तान 155 रन से जीतल, अब अतवार के भारत से मुकाबला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.