[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: एs 10 देशन के अभ्यर्थी सs कइलें डीडीयू में प्रवेश आवेदन- 17 राज्य के लइका भी शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बाकी राज्य के अलावे दस देश के अभ्यर्थी कुल  दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में आपन रुचि देखवले बाड़े। भारत सरकार के ‘स्टडी इन इंडिया’ पोर्टल के माध्यम से 42 विदेशी छात्र आवेदन कईले बाड़े। यूपी के अलावे देश के 17 राज्य से अभ्यर्थी भी रजिस्ट्रेशन करा चुकल बाड़े।

विदेशी देशन के बात कइल जाव तs नेपाल, माली, बांग्लादेश, सेनेगल, घाना, नाइजिरिया, अफगानिस्तान, वेनेजुएला, लेसोथो आ मिस्र के उम्मीदवार प्रवेश खातिर आवेदन कइले बाड़न. एहमें नेपाल से सात गो आ दोसरा देश से ३५ गो आवेदन मिलल बा.

विश्वविद्यालय में दाखिला खातिर ऑनलाइन आवेदन के प्रक्रिया चल रहल बा। अबे ले कुल दस देश के उम्मीदवार विभिन्न स्नातक अवुरी स्नातकोत्तर पाठ्यक्रम खातीर आवेदन कईले बाड़े।

प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा के मुताबिक अधिकतम आवेदन बिहार से आईल बा। बिहार से कुल 729 उम्मीदवार आवेदन कईले बाड़े। जवना राज्यन से आवेदन आइल बा ओह राज्यन में बिहार, झारखंड, पश्चिम बंगाल, उड़ीसा, त्रिपुरा, नागालैंड, असम, दिल्ली, उत्तराखंड, हरियाणा, पंजाब, हिमाचल प्रदेश, राजस्थान, मध्य प्रदेश, महाराष्ट्र, गुजरात आ केरल शामिल बा.

कुलपति प्रो. पूनम टंडन कहली कि 10 देश के उम्मीदवार के विश्वविद्यालय में दाखिला खातीर आवेदन कईल एगो बड़ उपलब्धि बा। राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय रैंकिंग में जगह बना के ई संभव भइल बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]