Indian Cricket Team के हिस्सा बन सकत बाड़ें  गोपालगंज के मुकेश, न्यूजीलैंड-ए के खिलाफ मैच में झटकले 5 विकेट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 2, 2022

बिहार के गोपालगंज जिले के काकड़कुंड गांव के रहनेवाले मुकेश कुमार ने न्यूजीलैंड-ए के खिलाफ पहिला ‘अनाधिकृत’ टेस्ट मैच के सुरूआती दिन सानदार ‘लाइन-लेंथ’ से गेंदबाजी करत पांच विकेट चटकवले। बियफे के साँझ आ सुक

Share

बिहार के गोपालगंज जिले के काकड़कुंड गांव के रहनेवाले मुकेश कुमार ने न्यूजीलैंड-ए के खिलाफ पहिला ‘अनाधिकृत’ टेस्ट मैच के सुरूआती दिन सानदार ‘लाइन-लेंथ’ से गेंदबाजी करत पांच विकेट चटकवले। बियफे के साँझ आ सुक के दुपहरिया तक भइल डेब्यू मैच में गोपालगंज के मुकेश कुमार 23 ओवरन में 86 रन देके पांच महत्वपूर्ण बैट्समैन के विकेट लेले बाड़े। पहिला दिन मैच में बेहतर गेंदबाजी के वजह से ऊ टीम इंडिया के तरफ से खेले के बड़ दावेदार बन गइल बाड़े। ओहिजा, मैच सुरू होखे से पहिले मुकेश कुमार के कोच के ओर से इंडिया टीम के कैप प्रदान कइल गइल। चार दिवसीय डेब्यू मैच चार सितंबर तक बैंगलुरू के चिन्नस्वामी स्टेडियम में चली।

मैच में कइले तूफानी गेंदबाजी

बैंगलुरू के चिन्नास्वामी स्टेडियम में चल रहे मैच में क्रिकेटर मुकेश कुमार के साथे बैंगलुरु में पहुंचल गोपालगंज जिला क्रिकेट टीम के पूर्व कप्तान अमित सिंह बतवले कि पहिला बेर भारत (भारत अंडर-19, भारत अंडर-23, भारत ए आ सीनियर टीम) के कवनो टीम के प्रतिनिधित्व कर रहल दायां हाथ के मध्यम गति के ई तेज गेंदबाज 23 ओवर में 106 डॉट् बॉल्स आ पांच मेडेन ओवर के मदद से 86 रन देके पांच विकेट चटकवले

गांव में गलियन में खेलले

काकड़कुंड गांव के रहनिहार मुकेश कुमार गांव के गलियन आ खेतन में क्रिकेट खेलके आज एह मुकाम तक पहुंचल बाड़ें। बंगाल से रणजी खेले वाले मुकेश कुमार पहिला बेर इंडिया-ए टीम में खेल रहल बाड़ें। मुकेश के एह कामयाबी के देख उनकर मां मालती देवी बहुते खुश बाड़ी। मालती देवी बतावत बाड़ी कि परिवार के जिम्मेदारियन के निभावे खातिर क्रिकेट मैच देखे बैंगलुरू ना गइनी, बाकिर मोबाइल पs बेटा से बात कs के ओतने खुश होनी, जेतना खेल के मैदान में जाके खुशी मिलित।

पिता आ चाचा क्रिकेट खेलला पs डांटते रहे लो

लड़िकाई में कबो क्रिकेट खेले खातिर मुकेश के पिता स्व. काशीनाथ सिंह आ चाचा कृष्णा सिंह डांटते रहे लो आ विरोध करत रहे लो, बाकिर उहे मुकेश आज समूचा देस में क्रिकेट के दुनियां में नाम रोशन कs रहल बाड़े। बचपन के बीतल बातन के इयाद कs के आजो मुकेश के चाचा कृष्णा सिंह भावुक हो जाले। ऊ बतवले कि मुकेश के परिवारिक पृष्ठभूमि बहुते साधारण हs।

पिता कोलकाता में चलावत रहले ऑटो

मुकेश के पिता कोलकाता में खुद के ऑटो चलावत रहले। घर के माली हालत खराब होखला के वजह से ऑटो से पूरा परिवार के भरण- पोषण चलत रहे। उनकर चाचा धर्मनाथ सिंह कहले जब कबो टीवी पs खेलते देखेनी, तs खुद के गौरवान्वित महसूस करेनी। आज देश खातिर मुकेश खेल रहल बाड़े आ देश के नाम रोशन कs रहल बाड़े।

साभार: प्रभात खबर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.