Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तेलंगाना के पेद्दापल्ली में पटरी से उतरल मालगाड़ी, 20 गो ट्रेन रद्द; 10 ट्रेनन के रूट बदलल

225

 

तेलंगाना के पेद्दापल्ली जिला में मालगाड़ी के पटरी से उतरला के चलते कुल 20 यात्री ट्रेन के रद्द करे के पड़ल। बुध के एकरा बारे में जानकारी देत ​​साउथ सेंट्रल रेलवे के अधिकारी कुल 10 ट्रेन के रूट में भी बदलाव भईल बतवले। उs बतवले कि मंगल के देर रात राघवपुरम अवुरी रामागुंडम के बीच लौह अयस्क लेके जात मालगाड़ी के 11 कोच पटरी से उतर गईल। एससीआर जोन के ओर से जारी विज्ञप्ति में कहल गईल कि मालगाड़ी के पटरी से उतरला के चलते 20 यात्री ट्रेन रद्द हो गईल, जवना में से 4 ट्रेन के आंशिक रूप से रद्द अवुरी 10 के डायवर्ट कs दिहल गईल।

हाल में ट्रेन के पटरी से उतरे के बहुत घटना भईल बा

साउथ सेंट्रल रेलवे के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक एकरा अलावे 2 ट्रेन के टाइमिंग में बदलाव कईल गईल अवुरी 3 ट्रेन के गंतव्य लो पहुंचे से पहिले रोक दिहल गईल। अधिकारी बतवले कि पटरी के मरम्मत अवुरी रेल यातायात के बहाल करे के प्रयास चलता। बता दीं कि पिछला 2 हफ्ता में यूपी, तमिलनाडु, असम, बिहार आ महाराष्ट्र जईसन राज्य से ट्रेन के पटरी से उतरे के खबर आईल बा। हालही में बिहार के मुजफ्फरपुर के लगे मालगाड़ी के 4 गो खाली कोच पटरी से उतर गइल जवना के चलते यातायात प्रभावित हो गइल. एकरा संगे असम में भी एगो मालगाड़ी के पटरी से उतरला के चलते ट्रेन के आवाजाही प्रभावित भईल।

ट्रेन के पटरी से उतार देवे के साजिश? एनआईए जांच सुरू कs दिहलस

हमनी के बता दीं कि कुछ दिन पहिले ट्रेन के पटरी से उतरे के घटना में कवनो प्रकार के साजिश के पता लगावे खातीर एनआईए प्रारंभिक जांच शुरू कs देले बा। एकरा बारे में जानकारी देत ​​अधिकारी कहले रहले कि एनआईए के अधिकारी कम से कम 4 अयीसन घटना के जांच करतारे।

 

 

 

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.