निहाल हत्याकांड: मुठभेड़ में 3 बदमाश गिरफ्तार, दुगो गोरखपुर आ एगो देवरिया के- हत्या के वजह जानके रह जाएम दंग

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2024

देवरिया। निहाल हत्याकांड में पुलिस आ एसओजी के संयुक्त टीम मंगर के देर रात सुरौली थानाक्षेत्र के ठाकुर देवा पुल के लगे मुठभेड़ में तीन बदमाशन के गिरफ्तार कs लिहल। एमे दुगो गोरखपुर के गगहा

Share

घायल बदमाश के उपचार खातिर ले जात पुलिस - फोटो : स्त्रोत-पुलिस

देवरिया। निहाल हत्याकांड में पुलिस आ एसओजी के संयुक्त टीम मंगर के देर रात सुरौली थानाक्षेत्र के ठाकुर देवा पुल के लगे मुठभेड़ में तीन बदमाशन के गिरफ्तार कs लिहल। एमे दुगो गोरखपुर के गगहा थानाक्षेत्र के, जबकि तीसरका जिला के सुरौली क्षेत्र के रहे वाला बा। तीनो के गोड़ में गोली लागल बा। उनका के मेडिकल कॉलेज में भरती करावल गइल बा। पुलिस के मोताबिक तीनो पुरान रंजिश में निहाल के हत्या के सकरले बाड़ें सs।

गौर करे आला बात बा कि मदनपुर क्षेत्र के बरांव निवासी शुभम सिंह उर्फ निहाल के बीतल सात नवंबर के सुरौली थानाक्षेत्र के जद्दू परसिया के लगे गोली मारके हत्या कs दिहल गइल बा। मंगर के देर रात मुखबिर के सूचना पs एसओजी सुरौली आ मदनपुर पुलिस के संगे ठाकुर देवा पुल के लगे मुठभेड़ में तीन बदमाशन के गिरफ्तार कs लिहल गइल।

बदमाशन के सीसीटीवी से भागत समय के फोटो - फोटो : स्त्रोत- पुलिस सूत्र
बदमासन के सीसीटीवी से भागत समय के फोटो – फोटो : स्त्रोत- पुलिस सूत्र

 

अपराधियन के पहचान देवरिया के सुरौली थानाक्षेत्र के नई खास निवासी आलोक राजभर पुत्र रामकिशुन आ गोरखपुर के गगहा थानाक्षेत्र के बेलाडाड़ निवासी बृजेश गोस्वामी पुत्र वीरेन्द्र आउर एही क्षेत्र के कहला गांव निवासी अमन गिरी पुत्र राजेश के रूप में भइल। एमे बृजेश के खिलाफ गोरखपुर के गगहा थाना में करीब दर्जनभर केस दर्ज बा। ओकरा खिलाफ गैंगस्टर एक्ट में कार्रवाई कइल जा चुकल बा। बदमाशन के लगे से एगो पिस्टल, दुगो देसी तमंचा बरामद भइल बा।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.