Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सरकारी नौकरी : RPF में 4660 पदन पs भर्ती खातिर आवेदन के बिहान आखिरी दिन, 10वीं से लेके ग्रेजुएट्स तक कs सकेला अप्लाय

295

रेलवे प्रोटेक्शन फोर्स माने RPF में सब-इंस्पेक्टर आ कॉन्स्टेबल के पदन पs भर्ती खातिर आवेदन के बिहान आखिरी दिन हs। उम्मीदवार वेबसाइट rpf.indianrailways.gov.in पs जाके अप्लाय कs सकत बा लो।

वैकेंसी डिटेल्स :

  • आरपीएफ सब इंस्पेक्टर (SI) : 452 पद
  • आरपीएफ कॉन्स्टेबल : 4208 पद
  • कुल पदन के संख्या : 4660

एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

  • आरपीएफ एसआई : कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से ग्रेजुएशन के डिग्री।
  • कॉन्स्टेबल : कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से 10वीं पास।

आयु सीमा :

  • कॉन्स्टेबल : न्यूनतम आयु 18 वर्ष।
  • एसआई : न्यूनतम आयु 20 वर्ष।
  • अधिकतम आयु दुनो पदन खातिर 28 बरिस तय कइल गइल बा।
  • आरक्षित श्रेणी से आवे वाला उम्मीदवारन के ऊपरी आयु में नियमानुसार छूट दिहल जाई।
  • आयु के गिनती एक जुलाई 2024 के धेयान में रखके कइल जाई।

फीस :

  • जनरल, ओबीसी, ईडब्ल्यूएस : 500 रुपिया
  • एससी, एसटी, पीएच, महिला उम्मीदवार : 250 रुपिया

सिलेक्शन प्रोसेस :

  • कंप्यूटर आधारित परीक्षा (CBT)
  • शारीरिक दक्षता परीक्षा (PET)
  • शारीरिक मानक परीक्षा (PET)
  • डॉक्यूमेंट वेरिफिकेशन (DV)
  • चिकित्सा परीक्षण (ME)

एग्जाम पैटर्न :

  • ई परीक्षा 90 मिनट (1 घंटा 30 मिनट) खातिर आयोजित कइल जाई।
  • हर गलत उत्तर खातिर हर प्रश्न के कुल अंकन में से एक-तिहाई अंक काट लिहल जाई।

सैलरी :

  • 21,700 – 35,400 रुपिया प्रति माह सैलरी मिली।

अइसे करीं आवेदन :

  • ऑफिशियल वेबसाइट rpf. Indianrailways.gov.in पs जाई।
  • होम पेज पs आरपीएफ भर्ती 2024 के लिंक पs क्लिक करीं।
  • अब एगो नया लॉगिन विंडो लउकी।
  • मेल आईडी, फोन नंबर आदि दर्ज कs के रजिस्ट्रेशन करीं।
  • सब डिटेल्स दर्ज कs के फीस जमा करीं।
824920cookie-checkसरकारी नौकरी : RPF में 4660 पदन पs भर्ती खातिर आवेदन के बिहान आखिरी दिन, 10वीं से लेके ग्रेजुएट्स तक कs सकेला अप्लाय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.