छपरा होके चले वाला कइयन ट्रेन रद्द: दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस समेत ई गाड़ी ना चलिहे सs, एगो ट्रेन भइल बा रि-शेड्यूल

Anurag Ranjan

रेलवे यात्रा के बेहतर आ सहूलियत पूर्ण बनावे खातिर लगातार काम कइल जा रहल बा। रेलवे प्रशासन द्वारा सुन्धियामऊ-तहसील फतेहपुर-पैंतीपुर खण्ड के पैंच दोहरीकरण के कारण नॉन इण्टरलॉक कार्य आ रेल संरक्षा आयुक्त के निरीक्षण के कारण गाड़ियन के रद्द आ रि-शेड्यूलिंग कइल गइल बा।

छपरा होके चले वाला कइयन गाड़ियन के रद्द कइल गइल बा। एकर जानकारी पीआरओ अशोक कुमार देलें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेन अपना सही समय आ मार्ग से संचालित होखे लागी।

एह ट्रेनन के कइल गइल बा रद्द

  •  दरभंगा से 10 मई, 2023 के खुले वाली 15211 दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस रद्द रही।
  • अमृतसर से 10 मई, 2023 के खुले वाली 15212 अमृतसर-दरभंगा एक्सप्रेस रद्द रही।
  • अमृतसर से 10 आ 11 मई, 2023 के खुले वाली 14618 अमृतसर-बनमंखी एक्सप्रेस रद्द रही।
  • बनमंखी से 10 मई, 2023 के खुले वाली 14617 बनमंखी-अमृतसर एक्सप्रेस रद्द रही।

एह ट्रेन के रि-शेड्यूलिंग कइल गइल

  • अजमेर से 11 मई, 2023 के खुले वाली 05538 अजमेर-दरभंगा विशेष गाड़ी अजमेर से 03 घंटा रि-शिड्यूल कs के चलावल जाई।
Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।