महराजगंज लोकसभा सीट पs एको निर्दलीय प्रत्याशी ना : नामांकन के अंतिम दिन एगो अभ्यर्थी नाम लेलस वापस, अब पांच प्रत्याशी मैदान में

khabar Bhojpuri Desk

महाराजगंज लोकसभा के नाम वापसी के अंतिम दिन सारण एसपी आ डीएम कावर से संयुक्त रूप से प्रेस वार्ता कs के आयोजन कइल गइल। जेमे जिलाधिकारी महराजगंज लोकसभा चुनाव से संबंधित जानकारी देलें। नाम वापसी के अंतिम दिन खाली एगो प्रत्याशी लालू प्रसाद यादव आपन नामांकन वापस ले लेलें।

महराजगंज लोकसभा से अब पांच प्रत्याशी मैदान में बा लो। सबसे बड़ बात बा कि महराजगंज लोकसभा से एको निर्दलीय प्रत्याशी मैदान में नइखे लो। हालांकि 19 प्रत्याशी नामांकन दाखिल कइले रहे लो। जेमे 12 प्रत्याशी के नामांकन रद्द हो गइल जबकि एगो प्रत्याशी आपन नाम वापस ले लेलें बाड़ें।

12 प्रत्याशी के नामांकन रद्द

जेमे कांग्रेस से आकाश कुमार सिंह, भाजपा से जनार्धन सिंह सिग्रीवाल, बहुजन समाज पार्टी से मधुसूदन सिंह, AIMIM से अखिलेश्वर प्रसाद सिंह, पीपीआई(डेमोक्रेटिक) से त्रिभुवन राम प्रत्याशी के रूप में बा। महराजगंज लोकसभा खातिर चार डिस्पैच सेंटर बनावल गइल बा।

जेमे गोरियाकोठी विधानसभा आ महराजगंज

विधानसभा के ईवीएम एस के जे आर स्कूल महराजगंज, एकमा आ बनियापुर विधानसभा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय, मांझी विधानसभा सभा के राजेंद्र कॉलेज आ तरैया विधानसभा के आईटीआई कॉलेज मढ़ौरा से ईवीएम डिस्पैच कइल जाई।

25 मई के होई चुनाव

जबकि मतदान समाप्ति के बाद सब ईवीएम बाजार समिति बज्र गृह में रखल जाई। जहां सारण आ महराजगंज के एके साथ मतगणना होई। महाराजगंज लोकसभा क्षेत्र के चुनाव के मतदान के तिथि 25 मई 2024 बा, मतगणना के तिथि चार जून 2024 बा आ निर्वाचन प्रक्रिया पूरा कइल गइला के तिथि छव जून, 2024 बा।

गौर करे आला बात बा कि महाराजगंज लोकसभा क्षेत्र सारण आ सिवान के विधानसभा के मिलके बनल बा। जेमे सारण जिला के चार माझी, एकमा, बनियापुर, तरैया विधानसभा आ पड़ोसी जिला सिवान के गोरियाकोठी आ महाराजगंज विधानसभा के मिलाके लोकसभा के गठन भइल बा। हालांकि, सब तरे के चुनावी प्रक्रिया सारण समाहरणालय में आयोजित कइल जाला।

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।