दि आयकर बार एसोसिएशन इलाहाबाद के वार्षिक चुनाव 2023-24 खातिर 21 जून के मतदान भइल। मतन के गणना के बाद चुनाव अधिकारी वरिष्ठ अधिवक्ता केएन कुमार परिणाम घोषित कइलें। अध्यक्ष पद पs अतुल कुमार साहू, वरिष्ठ उपाध्यक्ष पद पs सिद्धार्थ पाठक चुनल गइलें।
अजय कुमार शुक्ल उपाध्यक्ष, महामंत्री अरविंद कुमार मिश्र, पवन कुमार मिश्र संयुक्त सचिव, अजय यादव कोषाध्यक्ष पद पs निर्वाचित भइल बा लो। कृष्ण योगेश्वर निवर्तमान अध्यक्ष एक्स ऑफिसियो निर्वाचित भइलें। कार्यकारिणी में अब्दुल अहद, अमित कुमार उपाध्याय, ललित कुमार जायसवाल, पवन मिश्र, संजय जयसवाल, विभूति नारायण चुनल गइल लो।
बार के वरिष्ठ सद्स्य अजीत धवन, आनंद गोडबोले आदि उपस्थित रहल लो। उदय राज तिवारी महामंत्री नव निर्वाचित कार्यकारिणी के बधाई देलें आ चुनाव शांतिपूर्ण तरीका से संपन्न होखला पs चुनाव अधिकारी के धन्यवाद प्रेषित कइलें।