पावेल ड्यूरोव - फोटो : एएनआई टेक्नोलॉजी Pavel Durov: गिरफ्तारी के बाद टेलीग्राम के सीईओ के पहिला बयान; बोललें- अगर CEOs के जिम्मेदार ठहरावे लागल तs… By khabar Bhojpuri Desk On Sep 8, 2024 453 Share टेलीग्राम पs बाल यौन शोषण सामग्री आ मादक पदार्थन के तस्करी करे के आरोप में हिरासत में लिहल गइल सीईओ पावेल ड्यूरोव आरोपन के खारिज कइले बाड़ें। कोर्ट के आदेस पs रिहा होखला के बाद ऊ अपना गिरफ्तारी के आश्चर्यजनक बतवलें। संगही आरोपन के गुमराह करे वाला करार देलस। पावेल कहलें कि जदि केहूओ सोशल मीडिया प्लेटफार्म के दुरुपयोग होला तs सीईओ के जिम्मेदार ना ठहरावल जाये के चाहीं। पुरान कानूनन के इस्तेमाल कs के कवनो सीईओ पs तीसरका पक्ष के अपराधन पs आरोप लगावल गलत बा। तकनीक के निर्माण पहिलही से कठिन बा। अइसे तs कवनो नया व्यक्ति कवनो प्रयोग ना करी। ऊ आपन गिरफ्तारी के लेके कहलें कि पुलिस चार दिन तक पूछताछ कइलस। हमरा के बतावल गइल कि हमनी के टेलीग्राम के आउर लोगन के ओर से कइल जा रहल अवैध उपयोग खातिर जिम्मेदार हो सकत बा। काहेकि फ्रांसीसी अधिकारियन के टेलीग्राम से कुछ ना मिलल। ऊ कहलें टेलीग्राम पs मॉडरेशन के स्तर आउर एप के तुलना में बहुत कम बा। टेलीग्राम से आपत्तिजनक सामग्री के हटा दिहल गइल बा। पावेल इहो कहलें कि हमनी रोज लाखों आपत्तिजनक आ हानिकरक पोस्ट, चैनल के हटावेनी सs। ऊ ब्लॉगिंग टूल टेलीग्राफ जइसन कुछ सुविधन के हटावे के घोषणा कइलस। पावेल कहलें कि टेलीग्राम के 99.99 फीसदी उपयोगकर्तन के अपराधन से कवननो वास्ता नइखे। अवैध गतिविधियन में सामिल 0.001 फीसदी लोग एकर छवि के खराब करत बा। एसे आउर उपयोगकर्ता प्रभावित होत बा। ड्यूरोव के टेलीग्राम ऐप के इस्तेमाल बाल यौन शोषण सामग्री आ मादक पदार्थन के तस्करी करे के आरोप में सनीचर के हिरासत में लिहल गइल रहे। बुध के उनका के चार दिन के पूछताछ के बाद फ्रांस में रिहा कs दिहल गइल। जांच न्यायाधीश ड्यूरोव के पांच मिलियन यूरो के जमानत राशि देला के संगही सप्ताह में दु बेर पुलिस स्टेशन में रिपोर्ट करे के आदेस दिहल लो। संगही जांच पूरा होखे तक ड्यूरोव के देस छोड़े पs रोक लगा देले बा। Like224 Dislike28 9526800cookie-checkPavel Durov: गिरफ्तारी के बाद टेलीग्राम के सीईओ के पहिला बयान; बोललें- अगर CEOs के जिम्मेदार ठहरावे लागल तs…no Please leave this field emptyईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं। Email Address * Check your inbox or spam folder to confirm your subscription. व्हाट्सएप्प पर रेगुलर न्यूज़ अपडेट्स पाने के लिए हमारे व्हाट्सएप्प ग्रुप को ज्वाइन करें। Join Whatsapp Group Bhojpuri NewsPavel DurovTech NewsTelegram CEO 453 Share WhatsappFacebookFacebook MessengerTwitterLinkedinTelegram
Comments are closed.