Team India Champion : टी20 वर्ल्ड कप जीतला पs सूर्यकुमार के टीम के 131 करोड़ रुपिया इनाम, BCCI के एलान

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) टी20 वर्ल्ड कप 2026 में ऐतिहासिक जीत हासिल करे वाली भारतीय टीम खातिर बड़ा इनाम के घोषणा कइले बा। बोर्ड मंगर के दिन बतवलस कि पूरा भारतीय दल के कुल 131 करोड़ रुपया के नकद इनाम दिहल जाई। एह इनाम में खिलाड़ियन के संगे-संगे कोचिंग स्टाफ आ टीम के आउर सपोर्ट स्टाफो सामिल बा।

खिलाड़ी आ स्टाफ सबन के मिली हिस्सा

समाचार एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, ई इनामी राशि में 15 खिलाड़ी, कोचिंग स्टाफ आ दोसरा सपोर्ट स्टाफ के सामिल कइल गइल बा। बतावल जा रहल बा कि सबसे बड़ हिस्सा खिलाड़ी लोग के मिली, जबकि सपोर्ट स्टाफ के हिस्सा उनकर जिम्मेदारी आ पद के हिसाब से तय कइल जाई।

2024 के मुकाबले बढ़ल इनाम

एह बेर घोषित 131 करोड़ रुपिया के इनाम 2024 टी20 वर्ल्ड कप के बाद दिहल गइल 125 करोड़ रुपिया से जादे बा। मतलब बोर्ड पिछिला इनाम से 6 करोड़ रुपिया जादे देवे के फैसला कइले बा।

BCCI सचिव देवजीत सैकिया देलें बधाई

BCCI के सचिव देवजीत सैकिया टीम के बधाई देत कहलें कि बोर्ड खिलाड़ी, सपोर्ट स्टाफ आ चयनकर्ता सभन के एह ऐतिहासिक उपलब्धि खातिर दिल से बधाई देत बा। ऊ उम्मीद जतवलें कि टीम आगहू अइसने सानदार प्रदर्शन करत रही।

न्यूजीलैंड के हराके जीतल खिताब

भारतीय टीम अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल फाइनल मुकाबला में न्यूजीलैंड के 96 रन से हराके टी20 वर्ल्ड कप के खिताब अपना नामे कइलस। एह जीत के संगे टीम इंडिया ना खाली खिताब बचवलें, बलुक लगातार दू बेर टी20 वर्ल्ड कप जीते वाली पहिला टीम बन गइल।

भारत रचल नया इतिहास

एह जीत के संगे भारत पुरुष टी20 वर्ल्ड कप तीन बेर जीते वाली दुनिया के पहिला टीम बन गइल बा। संगही टीम इंडिया लगातार तीन आईसीसी ट्रॉफी जीत के नया इतिहास बना देले बा।

भारत 2024 टी20 वर्ल्ड कप आ 2025 चैंपियंस ट्रॉफी जीतला के बाद अब 2026 टी20 वर्ल्ड कप अपना नामे कs लेलस, जवना के बाद अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में भारत के दबदबा आउर मजबूत हो गइल बा।

Read Also: No Confidence Motion : लोकसभा स्पीकर के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव: गौरव गोगोई कहलें- ई व्यक्तिगत हमला ना, सदन के मर्यादा बचावे के संकल्प

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-