Om Birla : अविश्वास प्रस्ताव पs ओम बिरला- लोकतंत्र में मजबूत विपक्ष जरूरी, नेता प्रतिपक्ष के कबो ना रोकनी, नियम सबका से ऊपर

OM Birla

Share

सेंट्रल डेस्क। लोकसभा में स्पीकर ओम बिरला अविश्वास प्रस्ताव पs चरचा के बाद आज पहिला बेर फेर से आसन पs बइठलें। ऊ कहलें कि लोकतंत्र में मजबूत विपक्ष के रहल बहुत जरूरी होला आ नेता प्रतिपक्ष के कबो बोले से रोकल नइखे गइल। ऊ साफ-साफ कहलें कि संसद के नियम सबसे ऊपर होला आ कवनो आदमी नियम से ऊपर ना हो सकेला, चाहे ऊ प्रधानमंत्री काहे ना होखस।

ओम बिरला बतवलें कि सदन में बीतल दू दिन में 12 घंटा से जादे बहस भइल, ताकि सब सांसद आपन विचार आ चिंता खुल के रख सके। ऊ कहलें, “ई सदन 140 करोड़ लोगन के प्रतिनिधित्व करेला। इहां हर सांसद अपना इलाका के जनता के समस्या आ उम्मीद लेके आवेला। हम हमेसा कोसिस कइनी कि हर सांसद नियम के तहत आपन बात रख सके। हम खास तौर पs ओह सांसद लोगन तक के बोलावे के कोसिस कइनी जे कम बोलत रहे, काहे कि बोलला से लोकतंत्र मजबूत होखेला।”

हर सदस्य के आभारी बानी- ओम बिरला

ओम बिरला कहलें कि संसद विचार-विमर्श के एगो जिंदा मंच हs। बीतल दू दिन में सब सदस्यन के बात ध्यान से सुनल गइल। ऊ कहलें कि हम हर सदस्य के आभारी बानी, चाहे ऊ हमार आलोचना काहे ना कइल होखे। लोकतंत्र के असली खासियत ई बा कि इहां हर आवाज के सुने के मवका मिलेला। ऊ आगे कहलें कि ई आसन कवनो एगो आदमी के ना हs, बलुक लोकतंत्र के महान भावना के प्रतिनिधित्व करेला।

‘नियम के तहत बोलल हर केहू के अधिकार बा’

ओम बिरला विपक्ष के शिकायतो पs जवाब देलें। कुछ सदस्य कहत रहे लोग कि नेता प्रतिपक्ष के बोलला से रोकल जाला। एह पs ऊ कहलें कि हम साफ कs देहल चाहत बानी कि सदन में हर केहू के नियम के तहत बोले के पूरा अधिकार बा।

कुछ लोग के माने के रहल कि सदन के नेता हर नियम से ऊपर हो सकेला, बाकिर बिरला साफ कs देले कि अइसन बिलकुल नइखे। ऊ कहलें कि ई नियम हमनी के विरासत में मिलल बा आ एकर पालन जरूरी बा। चाहे प्रधानमंत्री काहे ना होखस, नियम 372 के तहत उनकराे अध्यक्ष से अनुमति लेला के बादे के बोल के पड़ेला।

Read Also: 12 मार्च 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-